[the_ad_group id="30365"]

UP Weather Update: मौसम विभाग के अनुमान, 24 घंटा में शीतलहर से राहत के उम्मीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिसंबर के आखिरी हफ्ता से शुरू भइल गलन, कोहरा अउर शीत लहर से जूझत प्रदेश के लोग खातिर राहत भरल खबर बा। मौसम विभाग 24 घंटा के भीतर शीतलहर से राहत के उम्मीद जतवले बा। विशेषज्ञ लोग के कहनाम बा कि धीरे-धीरे पारा बढ़ी, लेकिन बीच-बीच में ठंड परेशान करत रही। उहवें, सोमार के भी प्रदेश के कई इलाकन में धूप भी निकलल, अधिकांश जगह पारा भी बढ़ल। एही बीच कुशीनगर में दिन अउर रात के तापमान में खाली 1.3 डिग्री के अंतर रहल। न्यूनतम तापमान 6 डिग्री अउर अधिकतम पारा 7.3 डिग्री दर्ज कइल गइल।

आंचलिक मौसम विज्ञान केन्द्र लखनऊ के वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मुताबिक, एक के पीछे एक दू-तीन पच्छिम से विक्षोभ आ रहल बा जौन मौसम में बदलाव के कारण बनी। मौसम के सामान्य से विचलन कम होखल शुरू होई। जेसे क्रमिक राहत मिले लागी।

 

सोमार के दूपहर में मौसम विभाग 19 जिला में रेड अलर्ट जारी करत मंगर के बिहाने ले विशेष सावधानी बरतले के चेतावनी जारी कइलस। ई 19 जिला-मुजफ्फरनगर, बिजनौर, मेरठ, अमरोहा, रामपुर, बरेली, पीलीभीत, लखीमपुर खीरी, सीतापुर, बहराइच, गोंडा, बलरामपुर, सिद्धार्थनगर, बस्ती, महाराजगंज, संत कबीर नगर, गोरखपुर, कुशीनगर, देवरिया। बाकी दूसर जिला में अभिन कोहरा अउर गलन के ले के येलो अउर ऑरेन्ज अलर्ट बरकरार बा।

रेड अलर्ट वाला जिला में कुशीनगर भी शामिल बा। इहां न्यूनतम तापमान 6 डिग्री रहल, जबकि अधिकतम तापमान 7.3 डिग्री दर्ज कइल गइल। सोमार के कई जिला में न्यूनतम तापमान 3 से 6 डिग्री के बीच रहल। एहमें इटावा 3 डिग्री पs कांपल। जबकि अयोध्या, कानपुर, मुजफ्फरनगर में पारा 4 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल। गोरखपुर, बरेली, फुर्सतगंज में अधिकतम पारा 12.8 डिग्री रहल। मेरठ में 15 डिग्री, वाराणसी-गोरखपुर, गाजियाबाद में अधिकतम पारा 14.1 रहल। झांसी में दिन के पारा 26 डिग्री ले पहुंच गइल रहे। एह तरे मौसम में भारी अंतर देखे के मिल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]