[the_ad_group id="30365"]

पिता के खून में लथपथ देख के घबरा जात रहले रोहित शेट्टी, शेयर कइले बचपन के किस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिल्म निर्माता रोहित शेट्टी अपना सुपरहिट फिलिमन से बॉलीवुड में आपन पहचान बना लिहले बाड़न। बाकिर बता दीं कि एहिजा चहुँपे खातिर ऊ शुरुआती दिन में बहुते संघर्ष कइले बाड़न जवना के जिक्र ऊ रोज कवनो ना कवनो साक्षात्कार में करत लउकत बाड़न। आजुकाल्हु रोहित शेट्टी आपन वेब सीरीज ‘इंडियन पुलिस फोर्स’ खातिर खबरन में बाड़न। सिद्धार्थ मल्होत्रा ​​आ शिल्पा शेट्टी जइसन कई गो फिल्मी स्टारन के मुख्य भूमिका वाली रोहित के एह वेब सीरीज के प्रशंसकन के सकारात्मक प्रतिक्रिया मिल रहल बा। ओने अपना वेब सीरीज ‘इंडियन पुलिस फोर्स’ के प्रचार के दौरान रोहित शेट्टी आपन पिता आ मशहूर एक्शन डायरेक्टर एमबी शेट्टी के याद करत बहुते बड़हन खुलासा कइले बाड़न।

एह तरे एमबी शेट्टी एक्शन डायरेक्टर बन गइलन

ताजा साक्षात्कार के दौरान रोहित शेट्टी आपन पिता एमबी शेट्टी के बारे में कहले कि – जवना तरह से हमार बाबूजी देखाई देत रहले, लेकिन भीतर से उ दिल से बहुत भावुक अवुरी नरम इंसान रहले। रोहित आगे अपना पिता के याद करत कहले कि उनुका पिता के लंबाई करीब 6 फीट 3 इंच रहे, उनुका के देखला के बाद अक्सर डेरा गईले। जब उ 13 साल के रहले तs उ कॉटन ग्रीन रेस्तरां में वेटर के काम करत रहले। मजबूत शरीर के चलते उ बॉक्सिंग शुरू कईले। जेकरा बाद निर्देशक अजीम भाई के नजर उनुका पs पड़ल आ ऊ रोहित के पिता के एक्शन करे के सलाह दिहलन आ एह तरह से एमबी शेट्टी के असली काम शुरू हो गइल। एकरा बाद निर्देशक नासिर हुसैन साहब उनुका के जब प्यार किसी से होता है फिलिम में ब्रेक दे दिहलन। एकरा बाद एमबी शेट्टी अमिताभ बच्चन के दीवार, यादों की बारात, त्रिशूल, डॉन जइसन कई गो फिलिमन में एक्शन डायरेक्टर के काम कइलन।

पिता के खून में लथपथ देख घबरा जात रहले रोहित

एही साक्षात्कार के दौरान रोहित अपना बचपन से जुड़ल एगो अवुरी हैरान करेवाला घटना के बारे में बतवले। उs बतवले कि जब भी उनुकर पिता फिल्म के शूटिंग के बाद सीधा घरे आवत रहले तs उनुका हाथ पs खून के दाग लागल रहे। इ देख के रोहित बहुत घबरा जास। रोहित बतवले कि उs अपना बाबूजी के कई बेर अयीसन खून से लथपथ देखले रहले, लेकिन एकरा बावजूद एतना चोट लागला के बावजूद उs हाथ पs पट्टी अवुरी माथा पs टांका लगा के काम पs जात रहले। आपन पिता के अईसन मेहनत करत देख के रोहित के प्रेरणा मिलल कि उs काम में शत-प्रतिशत देवे से कबहूँ ना हटस। बता दीं कि एकरा से पहिले भी रोहित कई मौका पs अपना पिता के याद करत देखल गईल बाड़े।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]