[the_ad_group id="30365"]

प्रियंका चोपड़ा के माईं मधु क‌इली मन्नारा के सपोर्ट, एs कंटेस्टेंट्स के लगा दिहली क्लास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

‘बिग बॉस 17’ में एs दिने जबरदस्त तमासा देखे के मिलत बा। सलमान खान के सो में आए दिने टॉम एंड जेरी ज‌इसन लड़ाई देखे के मिलत रहत बा। हाले में मन्नारा चोपड़ा, ईशा मालवीय आ अंकिता लोखंडे के बीचे में जबरदस्त लड़ाई देखे के मिलत बा। हाले में, हमनी के एगो टास्क के दौरान विक्की जैन आ मुनव्वर फारुकी के बीचे एगो बड़हन लड़ाई देखनी, जेमें मन्नारा स्टैंड-अप कॉमेडियन के टीम में रहली। ए लड़ाई में मन्नारा के साथे बदसलूकी होत रहे, जेकरे बाद प्रियंका चोपड़ा के माई मधु चोपड़ा आपन भतीजी के सपोर्ट करत नजर अ‌इली।

मधु चोपड़ा ने मन्नारा के कइली सपोर्ट

बिग बॉस में भ‌इल एs लड़ाई के दौरान पूरा घर शामिल हो ग‌इल रहे आ अंकिता लोखंडे, मन्नारा पs भड़क ग‌इली। ईशा मालविया आ आयशा खान एमें कूद पड़ली आ मन्नारा के अशब्द बोलत दिखली हs। एs वीडियो के एक्ट्रेस मन्नारा ने आपन इंस्टा पs पोस्ट क‌इली हs, जेमे उनकरा साथे जवन बदतमीजी भ‌इल उs देखे के मिलेला। एs वीडियो में कमेंट करत मधु मन्नारा के सोपर्ट क‌इली।

मधु ,ईशा आ अंकिता के लगवली क्लास

मन्नारा चोपड़ा के इंस्टाग्राम पs जोन वीडियो बा उ 17 जनवरी के ‘बिग बॉस 17’ के घरे में भ‌इल एगो खतरनाक लड़ाई के हs। मधु कमेंट करत लिखली , ‘ओएमजी, ईs लोग जंगली के जइसन बर्ताव काहें करत बाने, ई तरीका असभ्य बा।’ वीडियो में अंकिता, ईशा आ आयशा के मन्नारा से लड़त दिखावल ग‌इल बा। मुनव्वर के प्रोटेक्ट करे के चक्कर में सबे एक्ट्रेस के खरी-खोटी सुनावल । सोशल मीडिया पs वीडियो तेजी से वायरल होत बा।

बिग बॉस 17 के बारे में

‘बिग बॉस 17’ से ए बार 4 कंटेस्टेंट्स नॉमिनेट भ‌इल बांटे। शो में अंकिता लोखंडे, आएशा खान, ईशा मालवीय, मन्नारा चोपड़ा, मुनव्वर फारूकी, विक्की जैन, अभिषेक कुमार आ अरुण माशेट्टी ही बचल । जहवां अब आएशा खान, ईशा मालवीय, विक्की जैन आ अंकिता लोखंडे ए हफ्ता के खातिर नॉमिनेट भ‌इना। सलमान खान क विवादित शो मिड अक्टूबर मs सुरू भ‌इल रहै। देखत-देखत ‘बिग बॉस 17’ के ऑनएयर भ‌इले तीन महीना से ‌ढेर क समय बीत चुकल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]