कुछ महीना पहिले …”, शोएब मलिक एक्ट्रेस सना जावेद से शादी क‌इले पs सानिया मिर्जा अ‌इसे क‌इली रिएक्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2024

  पाकिस्तानी क्रिकेटर शोएब मलिक पाकिस्तानी एक्ट्रेस सना जावेद (Sana Javed) के साथे शादी क‌s लेले बाड़े। शोएब सोशल मीडिया पs पोस्ट शेयर कs ई बात के जानकारी देहले ओहीं, सानिया मिर्जा आ उनकर परिवार  सोशल मीडिया पs

Share

 

पाकिस्तानी क्रिकेटर शोएब मलिक पाकिस्तानी एक्ट्रेस सना जावेद (Sana Javed) के साथे शादी क‌s लेले बाड़े। शोएब सोशल मीडिया पs पोस्ट शेयर कs ई बात के जानकारी देहले ओहीं, सानिया मिर्जा आ उनकर परिवार  सोशल मीडिया पs पोस्ट शेयर क‌ई के मलिक के शादी पs रिएक्शन दिहले (Sania Mirza reaction)। सानिया के टीम आ उनकर परिवार एगो बयान में लिखले , “सानिया आपन निजी जिंदगी के हमेसा लोगन के नजरन से दूर रखली हालांकि, आजु उनके खातिर इs बतावल जरूरी हो ग‌इल बा के शोएब आ उनकर कुछ महीना पहिले ही तलाक हो चुकल रहे। शोएब के उनकरे न‌उका यात्रा खातिर शुभकामना” . बयान में आगे लिखल ग‌इल बा ‘”उनकरी जीवन के एs संवेदनशील दौर में, हम सजो प्रशंसकन आ शुभचिंतकन से अनुरोध करल चाहब कि उs कवनो अटकलबाजी में सामिल होखले से बचीं। उनकरी गोपनीयता के स‌‌म्मान करीं”।

बता देंई की शोएब सोशल मीडिया ‘एक्स’ पs अपने न‌उका पत्नी के साथे तस्वीर डलले आ सानिया के संबंधन में दरार के खबर 2022 से आवत रहे आ पिछिला दु साल में दुनों के साथे नाहीं देखल ग‌इल। कुछ समय पहिले शोएब इंस्टाग्राम पs सानिया के अनफॉलो क‍इले रहले शोएब आ सानिया के पांच साल के एगो बेटा बा जवन सानिया के साथे रहेला।

ओहीं, सानिया के पारिवारिक सूत्र बतावल के सानिया तलाक के प्रक्रिया शुरू क‌इले रहली। उ कहले‘ मुस्लिम महिला अपना पति से एकतरफा तलाक ले सकेली , हम एकरे आगे कोनो टिप्पणी नाहीं करल चाहेब”

सानिया आ शोएब हैदराबाद में अप्रील 2010 में निकाह क‌इले रहले आ दुनों दुबई में रहत रहले 37 वर्षीय सानिया के सोशल मीडिया पोस्ट से संकेत मिलल रहे कि उs तनाव में रहली। करीब एक हफ्ता पहिले उs इंस्टाग्राम पs पोस्ट क‌इली, “जब कवनो चीज आपके शांति के भंग करे तs ओके जाए देवे के चाहि।”

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.