Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

69th National Film Awards: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू एह सितारन के दिहें पुरस्कार, ई बा विजेता लोगन के लिस्ट

69th National Film Awards 2023: अगस्त के महीना में देस के प्रतिष्ठित अवॉर्ड्स नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स 2023 के घोषणा भइल रहे जहां विनर के लिस्ट जारी भइल रहे। अब 17 तारीख के 69वां नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स के दिल्ली में आयोजन कइल जा रहल बा। इहां पs देखीं विनर्स के लिस्ट-

1,784

69th National Film Awards 2023: 24 अगस्त 2023 के नेशनल फिलिम अवॉर्ड्स के घोषणा कइल गइल रहे, इहां डायरेक्टर्स से लेके बेस्ट म्यूजिक आ बेस्ट एक्टर्स से लेके, विनर्स के नामन के लिस्ट जारी कइल गइल रहे। देस के सबसे प्रतिष्ठित अवॉर्डस ’69वां नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स’ के तइयारियन सुरू हो चुकल बा।

17 अक्टूबर के एकर आयोजन कइल जा रहल बा, जहां अब बस कुछ घंटन में देस के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के हाथन इंडियन सिनेमा से जुड़ले हस्तियन के सम्मानित कइल जाई। आलिया भट्ट से लेके अल्लू अर्जुन आ एस एस राजामौली तक सितारा दिल्ली पहुंच चुकल बा लो, जहां एह कार्यक्रम के आयोजन होखे के बा।

नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स 2023 के कार्यक्रम में सामिल होखे के पहुंचल लो स्टार्स

सोमार के जहां अल्लू अर्जुन से लेके, एस एस राजामौली आ एम-एम कीरवानी सहित कइयन स्टार्स के दिल्ली एयरपोर्ट पs स्पॉट कइल गइल। तs ओहिजा आलिया भट्ट के उनकर पति रणबीर कपूर आ करण जौहर के संगे मुंबई के कलीना एयरपोर्ट पs स्पॉट कइल गइल, जे मंगर के होखे वाला 69वां नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स में सामिल होखे खातिर (69th National Film Awards 2023) निकलल लो।

कवन-कवन हस्तियन के आज नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स से राष्ट्रपति के हाथन सम्मानित कइल जाई, इहां पs देखीं विजेता लोगन के पूरा लिस्ट-

69वें नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स विजेतन के लिस्ट-

  • बेस्ट एक्टर- अल्लू अर्जुन (पुष्पा- द राइज)
  • बेस्ट एक्ट्रेस- आलिया भट्ट (गंगुबाई काठियावाड़ी), कृति सेनन (मिमी)
  • बेस्ट म्यूजिक डायरेक्टर- देवी श्री पसंद (पुष्पा-2) – गाने के लिए
  • बेस्ट म्यूजिक डायरेक्शन – एमएम कीरवानी(RRR- बैकग्राउंड म्यूजिक)
  • बेस्ट फीचर फिल्म- रॉकेट्री
  • बेस्ट डायरेक्टर- निखिल महाजन (गोदावरी)
  • बेस्ट पॉपुलर फिल्म प्रोवाइडिंग होलसम एंटरटेनमेंट – RRR
  • बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर- पंकज त्रिपाठी (मिमी)
  • बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस- पल्लवी जोशी (द कश्मीर फाइल्स)
  • स्पेशल ज्यूरी अवॉर्ड- शेरशाह, विष्णुवर्धन
  • राष्ट्रीय एकता पर बेस्ट फीचर फिल्म के लिए नरगिस दत्त पुरस्कार- द कश्मीर फाइल्स
  • बेस्ट चाइल्ट आर्टिस्ट: भाविन रबारी ( छैलो शो)
  • बेस्ट मेल प्लेबैक सिंगर: काला भैरव ( आरआरआर)
  • बेस्ट हिंदी फिल्म: सरदार उधम
  • बेस्ट कन्नड़ फिल्म: 777 चार्ली
  • बेस्ट गुजराती फिल्म: छैलो शो
  • बेस्ट फीमेल प्लेबैक सिंगर: श्रेया घोषाल, इराविन निजल
  • नॉन फीचर स्पेशल- दुआ

जानीं कब आ कहां देख सकत बानी रउआ नेशनल फिल्म अवॉर्ड

69वां नेशनल फिल्म अवॉर्ड 2023 प्रोगाम के खास प्रोग्राम खातिर हर केहू उत्साहित बा। एह सेरेमनी के 1:30 बजे के करीब DDNational के यूट्यूब चैनल पs लाइव टेलीकास्ट होई।

दूरदर्शन हाले में अपना आधिकारिक ट्विटर अकाउंट पर जानकारी शेयर करत बतवलें कि नेशनल फिल्म अवॉर्ड 2023 के आयोजन नई दिल्ली के विज्ञान भवन में कइल जाई।

जहां रउआ ओकर YouTube चैनल से जुड़के एह पूरा कार्यक्रम के लाइव देख सकत बानी। रउआ बता दीं कि 69वां नेशनल फिल्म अवॉर्ड्स में ओह फिल्मन के सम्मानित कइल जा रहल बा, जवन 2021 आ 2022 में रिलीज भइल रहे।

664200cookie-check69th National Film Awards: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू एह सितारन के दिहें पुरस्कार, ई बा विजेता लोगन के लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.