[the_ad_group id="30365"]

बंगाल में सड़क प संग्राम क के 2024 के जमीन तइयार कर रहल बिया भाजपा! नदारद बा लेफ्ट आ  कांग्रेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बंगाल में बीतल साल भइल विधानसभा चुनाव में भलही भाजपा जीत हासिल ना क सकल रहे, बाकिर 77 सीटन के साथे ऊ मुख्य विपक्षी दल जरूर बनल रहे। बाकिर उम्मीद के मोताबिक प्रदर्शन ना रहला के चलते लोकसभा चुनाव में ओकर संभावना के लेके संदेह जतावल गइल रहे। 2019 में बंगाल में 18 सीट जीते वाली भाजपा शायद एहिसे पहिलही बंगाल में मिशन 2024 के धार देहल शुरू कs देले बिया। मंगर के कोलकाता में सचिवालय चलो अभियान के अलावे प्रदेश भर में हजारन भाजपाई सड़कन प उतरल लो आ जोरदार प्रदर्शन कइल लो। मानल जा रहल बा कि भाजपा ममता सरकार के घेरत 2024 खातिर अभी से माहौल बनावल शुरू कs देले बिया। ओहिजा कबो तीन दशकन त बंगाल प राज करे वाला वामपंथी दल आ कांग्रेस नदारद दिख रहल बा।

बंगाल में फेर से होई टीएमसी बनाम भाजपा

एक तरफ ममता बनर्जी मिशन 2024 खातिर विपक्षी एकता के मजबूती देवे में जुटल बाड़ी। ओहिजा दूसरा तरफ भाजपा उनकरे गढ़ में सेंध लगावे प फोकस कर रहल बिया। हाले में बिहार भाजपा के अध्यक्ष रह चुकल मंगल पांडे के बंगाल भेजलो भाजपा के खास रणनीति के हिस्सा बा। बंगाल के विधानसभा चुनाव में मनमाफिक नतीजा ना अइला के बावजूद भाजपा इहां हार नइखे मनले। उ लगातार ममता सरकार के अलग-अलग मुद्दन प घेर रहल बिया। खासतौर प हाले में ममता सरकार के मंत्री पार्थ चटर्जी जवना तरे से घोटाला के आरोपन में घिरल बाड़ें, ओकरा बाद से भाजपा आउर जादे हमलावर बिया। अइसन में इहां प मुकाबला फेर से भाजपा बनाम टीएमसी होखे वाला बा एमे कवनो शक नइखे। 2014 में बंगाल में 42 लोकसभा सीटन में से दु गो जीते वाली भाजपा 2019 के लोकसभा चुनाव में ई आंकड़ा 18 सीटन तक पहुंचा देले रहे। अबकी बेर उ एह आंकड़ा के आउर बेहतर करे प जोर दिही।

का बंगाल में लेफ्ट आ कांग्रेस रह जाई कंगाल?

गौर करे आला बात बा कि बीतल विधानसभा चुनाव में इहां भाजपा आ टीएमसी के लड़ाई के बीच में कांग्रेस आ लेफ्ट खाली हाथे रह गइल रहे। जहां टीएमसी 213 तs भाजपा 77 सीट जीतले रहे। ओहिजा एह चुनाव में कांग्रेस बंगाल में खाता तक ना खोल सकल रहे, जबकि लेफ्ट मात्र एगो सीट जीतले रहे। अइसन में आगामी चुनावन में जदि टीमएसी आ कांग्रेस कंगाल रह गइल तs एमे कवनो हैरानी ना होखे के चाही। हs, जदि संयुक्त विपक्ष के कवनो सूरत बनत बा आ कांग्रेस, ममता आ लेफ्ट के साथे आवे के राजी हो जात बिया तब के बात आउर बा। ओइसे फिलहाल सड़क पs संघर्ष में त खाली भाजपा आ टीएमसी आमने-सामने लउक रहल बा।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]