[the_ad_group id="30365"]

Hindi Diwas Conflict: एचडी कुमारस्वामी के हिंदी दिवस प बयान से छिड़ल विवाद, सूबे के राजनीति में बवाल मचल तय!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Hindi Diwas: कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री आ जेडीएस के नेता एचडी कुमारस्वामी कर्नाटक सरकार के हिंदी दिवस के विरोध में पत्र लिखके विवाद खड़ा कs देले बाड़े। कुमारस्वामी अपना पत्र में आपत्ति जतावत कहले कि बिना कवनो कारण राज्य के टैक्सपेयर्स के पईसा के इस्तेमाल क के हिंदी दिवस ना मनावे के चाहीं।

ऊ कहले कि 14 सितंबर के केंद्र सरकार के ओर से प्रायोजित हिंदी दिवस कार्यक्रम के कर्नाटक में जबरदस्ती मनावल राज्य सरकार के ओर से कन्नड़ भाषियन के साथे अन्याय कइल होई।

कुमारस्वामी के मोताबिक, भारत एगो बहुभाषीय देश हs, जदि हिन्दी दिवस मनावल जाई तs ई राष्ट्रीय एकता के अनुरूप ना होई। अइसन पहिला बेर नइखे कि, जब कुमारस्वामी हिंदी दिवस समारोह के विरोध कइले होखस। एकरा अलावे डीएमके चेतावनी दे चुकल बिया कि करुणानिधि के हिंदी विरोधी आंदोलन के लोग नइखे भूलल। डीएमके के मोताबिक हिंदी भाषा के थोपल नइखें जा सकत।

गौर करे आला बात बा कि गृहमंत्री अमित शाह संसदीय राजभाषा समिति के 37वीं बैठक में कह चुकल बाड़ें कि हिंदी के अंग्रेजी के विकल्प के रूप में स्वीकार कइल जाए के चाहीं, ना कि स्थानीय भाषा खातिर। कांग्रेस आ टीएमसीयो एह मुद्दा प बीजेपी प निशाना साधत रहल बिया।

चउथा सबसे जादे बोलल जाए वाला भाषा हs हिंदी

हिंदी दिवस मनावे के शुरुआत देश के आज़ादी के बाद भइल रहे। 14 सितंबर 1946 के संविधान सभा हिंदी के भारत के आधिकारिक भाषा मनले रहे। भारत के पहिला प्रधानमंत्री पंडित जवाहरलाल नेहरू के सरकार 14 सितंबर के हिंदी दिवस घोषित कइले रहे। आधिकारिक तौर प हिंदी दिवस साल 1953 के मनावल गइल रहे। हिंदी दुनिया में चउथा आ भारत में बोलल जाये वाली नंबर एक भाषा हs। हालांकि अभी हिंदी के राष्ट्रभाषा के अधिकार नइखे मिलल।

गहरा सकत बा विवाद

कुमारस्वामी के लेटर के जवाब राज्य के मुख्यमंत्री के तरफ से फिलहाल नइखे आइल, बाकिर एह प विवाद गहरा सकत बा। तमिलनाडु में सत्तारूढ़ द्रविड़ मुनेत्र कषगम (DMK) केन्द्र सरकार के हिंदी भाषा थोपे के लेके आगाह क चुकल बिया आ कहले बिया कि राज्य के लोग पार्टी के पूर्व नेता दिवंगत एम करुणानिधि के हिंदी विरोधी आंदोलन के नइखे भूलाइल। एहिसे ऊ अइसन ना होखे दी।

कांग्रेस लगवलस बीजेपी प आरोप

ओहिजा कांग्रेस बीजेपी पs सांस्कृतिक आतंकवाद के आरोप लगवले बिया। ओने, टीएमसी आलोचना करत कहलस कि हमनी के हिंदी के सम्मान करेनी सs बाकिर हमनी के हिंदी थोपला के विरोध करेनी सs. केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह स्थानीय भाषा के शब्दन के हिंदी शब्दकोष में अपनावे के सुझाव देले बाड़ें।

हिंदी शब्दकोश के संशोधित आ फेर से प्रकाशित कइल जइला प जोर देले। शाह कहले कि पूर्वोत्तर के आठ राज्यन में 22,000 हिंदी शिक्षकन के भर्ती कइल गइल बा आ नव गो आदिवासी समुदाय अपना बोलियन के लिपियन के बदल देले बा। बहरहाल हिंदी भाषा के मुद्दा प सत्ता पक्ष आ विपक्षी दलन के बीच तलवार खींच गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]