[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में पुल के रेलिंग से पूजा कs रहल भाजपा नेता नदी में फिसल के गिरलें, डुबला के पांच घंटे बादो नाइ शुरू भइल जोहान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला के भागलपुर में सरयू नदी पर बनल पुल के रेलिंग से पूजा के दौरान पैर फिसलले से भाजपा नेता अउरी जिला कार्य समिति के आमंत्रित सदस्य नदी में गिर गइलें। एह दौरान ऊ नदी के तेज बहाव में ऊ बह गइलें। करीब साढ़े पांच घंटा जोहान शुरू नाइ होखले पs स्वजन अउरी भाजपा नेता के सीओ बरहज अउरी एसओ मईल से नोकझोंक भइल। लोग के आरोप बा कि अधिकारियन के मौका पर न अइले से तलाशी अभियान शुरू नाइ भइल।

ई हवे मामिला

सलेमपुर नगर पंचायत के वार्ड नंबर 13 लोहिया नगर वार्ड के रहे वाले भाजपा नेता अउरी जिला कार्य समिति के बोलावल सदस्य 45 बरिस के रणधीर गुप्ता पुत्र ओमप्रकाश उर्फ नथुनी गुप्ता बुधवार के दूपहर करीब डेढ़ बजे कार से बलिया जनपद के बेल्थरा कौनो काम से जात रहलें। ऊ भागलपुर पुल पर कार से उतर के अगरबत्ती अउरी कपूर जला के पूजा करे लगलें। एही बीच उनकर पैर रेलिंग के लग्गे फिसल गइलें। जेसे ऊ नदी में गिर गइलें। नदी में गिरत देख चालक बचावे के कोशिश कइलें, लेकिन ऊ कामयाब नाइ भइलें। ड्राइबर एकर सूचना घर वालन के देहलें।

जोहान न शुरू भइलें पर घर वालन अउरी नेता लोग में नाराजगी
भाजपा नेता के छोट भाई बलवीर कुमार गुप्ता तहरीर मईल थाने में देहलें। मौका पर सिपाही पहुंच गइलें। देर साँझ करीब सात बजे ले बचाव कार्य शुरू नाइ हो सकल। जेके ले के स्वजन अउरी भाजपा नेता लोग में नाराजगी दिखल। सीओ पंचमलाल अउरी थानाध्यक्ष मईल सुभाष चंद्र पांडेय से लोग के नोकझोंक भइल। लोग के कहनाम रहल कि बचाव कार्य खातिर पुलिस के तरफ से कौनो प्रयास नाइ कइल गइल। मौका पर न गोताखोर बुलावल गइलें अउर न ही मछुआरन के बुला के तलाश शुरू करावल गइल। एके ले के लोग नाराजगी जाहिर कइले बा।

का कहsतिया पुलिस

थानाध्यक्ष सुभाष चंद्र पांडेय बतवलें कि सूचना पर पुलिस मौका पर पहुंच गइल रहे। पीएसी के बचाव दल बुलावल गइल बा। अन्हार होखले से तलाशी अभियान शुरू नाइ हो पवले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]