बाइक सवार वृद्ध के मरलस टक्कर,घायल वृद्ध पटना पी एम सी एच रेफर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2022

मशरक (सारण)| धर्मेन्द्र कुमार सिंह | मशरक थाना क्षेत्र के राजापटी पेट्रोल पंप के लगे बाइक सवार होटल से खाना खाके निकल रहल बुढ़ के टक्कर मार फरार हो गइल। बुढ़ के  घायलावस्था में ग्रामीण

Share

मशरक (सारण)| धर्मेन्द्र कुमार सिंह | मशरक थाना क्षेत्र के राजापटी पेट्रोल पंप के लगे बाइक सवार होटल से खाना खाके निकल रहल बुढ़ के टक्कर मार फरार हो गइल। बुढ़ के  घायलावस्था में ग्रामीण लोग द्वारा सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र मशरक में भर्ती करावल गइल। ममिला में देवलाल राम पिता अकलू राम ने बतवले कि घायल वृद्ध के घर गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर थाना क्षेत्र के हमिन्न पर गांव में बा। उनकर पिता अकलू राम राजापटी पेट्रोल पंप के लगे होटल से खाना खाके निकलत रहस कि बाइक सवार कर्नकुदरिया गांव निवासी त्रिभुवन राम पिता राजेंद्र राम टक्कर मार देले। जवना से ऊ घायल हो गइले। मशरक सामुदायिक स्वास्थकेंद्र के चिकित्सक लोग प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर पटना पी एम सी एच रेफर कs दिहल गइल बा। जहां उनकर इलाज चल रहल बा। ममिला में त्रिभुवन राम के आरोपित करत थाना पुलिस के आवेदन दिहल गइल बा। ममिला में थानाध्यक्ष रितेश कुमार मिश्रा घायल के पुत्र द्वारा मशरक थाना में आवेदन दिहल गइल बा। जवना पs प्राथमिकी दर्ज कs के जांच पड़ताल कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.