Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में इस्लामियां काॅलेज ऑफ कामर्स के छत गिरल: 3 मजदूर दबले, एक के मौत; 2 घायलन के रेस्क्यू कs के बाहर निकालल गइल

253

गोरखपुर में बुध के साँझ के एगो बड़ घटना हो गइल। कोतवाली इलाला के बक्शीपुर में इस्लामियां काॅलेज ऑफ कामर्स के छत अचानके गिर गइल। जवन छत गिरल, ओपर आजे लिंटर लगावल जात रहे। जेमे तीन मजदूर मलबा में दब गइले। एगो घायल मजदूर के तs तत्काल बाहर निकाल के अस्पताल भेजल गइल।

जबकि दूसरको के करीब दु घंटा के रेस्क्यू के बाद बाहर निकाल लिहल गइल। ऊ दु घंटा तक मलबा में दबल रहल, जबकि तीसरका के मौत हो गइल।  देर रात ओकर शव मलबा में दबल मिलल। घायल दुनो मजदूरन के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा। जहां दुनो के हालत नाजुक बनल बा।

ग्रीन काॅरिडोर बनल शहर

एह दौरान शहर के पूरा इलाका ग्रीन काॅरिडोर में तब्दील क दिहल गइल। ताकि घायल मजदूरन के बाहर निकाल के तत्काल अस्पताल भेजल जा सके। ओहिजा, जिला अस्पताल, BRD मेडिकल काॅलेज में सब व्यवस्था कs दिहल गइ,ल बा ताकि घायलन के इलाज में कवनो तरे के दिक्कत ना हो सके।  NDRF आ SDRF टीम देर रात तक रेस्क्यू करत रहल।

ढलाई के दौरान गिरल छत

बक्शीपुर के जुबिली सनिमा घर के ठीक बगल में इस्लामियां काॅलेज ऑफ कामर्स डिग्री काॅलेज बा। पुलिस के मोताबिक, बुध के काॅलेज में बिल्डिंग के निर्माण होत रहे। छत ढाले ला लिफ्ट से मजदूर मटेरियल उपर ले जात रहे लो । बाकिर एही बीचे साँझ के करीब 6.30 बजे निर्माणाधीन छत के स्ट्रक्चर कमजोर होखला के वजह से छत अचानके गिर गइल। पुलिस के मोताबिक, जवना बेरा छत गिरल, ओ घरी छत पs तीन मजदूर रहे लो। जेमे से दु गो घायल मजदूरन के बाहर निकालके अस्पताल भेजल गइल। दुनो के हालत नाजुक बनल बा।

तीसरका मजदूर के हो गइल मौत

जबकि एगो बुजुर्ग मजदूर देर रात तक मलबा में दबल रहल। रात करीब 10.30 बजे रेस्क्यू कs के ओकर शव बाहर निकालल गइल। मृतक मजदूर के नाम राजू (62) हs। ऊ राजघाट इलाका के बसंतपुर के रहे वाला रहे। ऊ इहां किराया के कमरा लेके रहत रहे। जबकि जवन दु मजदूरन के बाहर निकालल गइल बा, ओमे प्रदीप (25) आ रामकरन (30) बा लो। प्रदीप पिपराइच इलाका के रहे वाला बा।

काॅलेजे में चलत रहे माउंट एरा स्कूल

एह पूरा ममिला के सुरूआती जांच में फिलहाल स्कूल प्रबंधन के बड़ लापरवाही सोझा आइल बा। एह स्कूल के प्रबंधक शोएब अहमद हवे। जवन एगो डिग्री काॅलेज के परिसर में आपन ‘माउंट एरा‘ नाम से प्राइवेट स्कूल चलावत रहस। ई स्कूल 8वीं तक बा। स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि एकर कइयन बेर कंप्लेनो कइल गइल, बाकिर शोएब अहमद हमेशा आपन रसूख से बच जात रहे आ बेखौफ होके सरकारी काॅलेज परिसर में आपन प्रावइेट स्कूल चलावत रहे। एही स्कूल के विस्तार खातिर ऊ बिल्डिंग के निर्माण करावत रहले।

बिना पिलर के लागत रहे लिंटर

बाकिर हैरानी वाला बात ई बा कि एह बिल्डिंग के निर्माण में बिना कवनो पिलर के करीब दु हजार स्क्वायर फिट के लिंटर लगावल जात रहे। प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, एतना बड़ एरिया में छत ढाले खातिर बीच में कवनो सपोर्ट पिलर ना दिहल गइल रहे। जबकि छत के उचांई करीब 20 फिट रहे। जवना के वजह से छत ढलाई के भार सह ना सकल आ लिंटर पड़ते ढह गइल।

कइयन लोग के पुलिस हिरासत में लेलस

ओहिजा, फिलहाल पुलिस स्कूल प्रबंधन से जुड़ल कइयन लोग के हिरासत में लेके कोतवाली ले गइल बिया। ओह सभे से पूछताछ कइल जा रहल बा। SP सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई बतवले, ममिला के जांच कइल जा रहल बा। जदि लापरवाही सामने आइल त प्रबंधन के खिलाफ केस दर्ज क के कार्रवाई कइल जाई।

कमिश्नर के आदेश पs GDA शुरू कइलस जांच, दर्ज होई दु गो केस

एह पूरा ममिला पs गोरखपुर के कमिश्नर रवि कुमार एनजी कड़ा एक्शन लेवे के निरदेस देले बाड़े। ऊ GDA- VC के निरदेसित कइले बाड़े कि, एकर जांच कइल जाव कि काॅलेज में निर्माण खातिर GDA से मानचित्र स्वीकृत रहे कि ना? अगर बिना मानचित्र स्वीकृति के काॅलेज में निर्माण चलत रहे तs एहपर GDA के तरफ से काॅलेज प्रबंधन पs केस दर्ज करावल जाव। जबकि ऊ पुलिस के निरदेसित कइले बाड़े कि घायलन के परिवार के तरफ से तहरीर मिलतही काॅलेज प्रबंधन पs एगो अलग केस दर्ज कइल जाव।

साभार: दैनिक भास्कर

337250cookie-checkगोरखपुर में इस्लामियां काॅलेज ऑफ कामर्स के छत गिरल: 3 मजदूर दबले, एक के मौत; 2 घायलन के रेस्क्यू कs के बाहर निकालल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.