[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री मोदी पs पाक विदेश मंत्री के बयान से भाजपा नाराज, अनुराग ठाकुर बोललें- ऊ 1971 के दर्द महसूस कs रहल बानें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम नरेंद्र मोदी पर पाकिस्तान के विदेश मंत्री बिलावल भुट्टो जरदारी द्वारा दिहल गइल बयान के ले के विवाद गहिरात जा रहल बा। अब दिल्ली में पाकिस्तान उच्चायोग के बाहर एह मामिला में भाजपा कार्यकर्ता लोग विरोध प्रदर्शन शुरू कs दिहल। उहवें केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर भी बिलावल भुट्टो जरदारी के टिप्पणी पर प्रतिक्रिया दिहले बानें। ऊ कहनें कि पाकिस्तान के विदेश मंत्री के बयान बहुत शर्मनाक रहल। 1971 में अजुए के दिन भारत पाकिस्तान के हरवले रहल। शायद ऊ अभीनो दर्द में बानें।

अनुराग ठाकुर कइलें बिलावल भुट्टो के बयान के निंदा

केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर बिलावल भुट्टो के बयान के निंदा कइलें। ऊ कहनें कि पाकिस्तान के विदेश मंत्री के बयान बहुते शर्मनाक रहल। पाकिस्तान के हरकत अउर मंसूबा के दुनिया देख चुकल बा। ई लमहर समय से आतंकियन के पनाह देत रहनें। पीएम मोदी आतंकवाद के खिलाफ सख्त कार्रवाई कइले बानें। अमेरिका पाकिस्तान में ओसामा बिन लादेन के मार गिरवलस अउर भारत पाकिस्तान में सर्जिकल स्ट्राइक कइलस।

पाकिस्तान के विदेश मंत्री के बयान बहुते शर्मनाक रहल अउर जौने तरह 1971 में आजुए के दिन भारतीय सेना पाकिस्तानी सेना के परास्त कइले रहे, ओके दोहरावे के कोशिश रहल। शायद ऊ अब्बो दर्द में बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]