Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Emmanuel Macron: बढ़ सकत बा इमैनुएल मैक्रॉन के मुश्किल, पार्टी दफ्तर में एजेंसियन द्वारा लिहल गइल तलाशी

Emmanuel Macron: मैकिंसे कंसल्टिंग अपना कार्यालयन के तलाशी के पुष्टि करत कहलें कि ऊ "हमनी अधिकारियन के संगे पूरा सहजोग कर रहल बानी सs।"

243

Emmanuel Macron: फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रॉन के मुश्किल बढ़ सकत बा। फ्रांस के एजेंसियन द्वारा मैक्रॉन के पार्टी ‘रेनिसेंस’ के कथित तौर पs अनाप-शनाप खरचन के लेके कार्रवाई तेज कs दिहल गइल बा। ओहिजा एजेंसियन द्वारा पार्टी के दफ्तरन के तलाशी लिहल गइल बा। ‘रेनिसेंस’ पार्टी के अलावा यूएस कंसल्टिंग दिग्गज मैकिंसे के पेरिस दफ्तर में तलासी लिहल गइल, ई इमैनुएल मैक्रॉन खातिर बहुत बड़ झटका मानल जा रहल बा…

पार्टी रेनिसेंस अभियान से जुड़ल बा ममिला

दरअसल, ई पूरा ममिला राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रॉन के पार्टी रेनिसेंस के अभियान से जुड़ल बा, जेमे आरोप बा कि उनकर पार्टी में सरकारी तंत्र के प्रयोग कइल गइल बा। एही साल फ्रांस के एकसीनेट के जांच रिपोर्ट में ई ममिला खबरन में आइल रहे। रिपोर्ट में कहल गइल रहे मैक्रॉन के पहिला टर्म के दौरान 2018 से 2021 तक उनका पs सरकारी खर्चा दोगुना हो गइल रहे।

कोर्ट जांच करे खातिर स्वतंत्र बा

रेनिसेंस के प्रवक्ता लोइक सिग्नोर एएफपी के बतवलें, “कोर्ट एह विषय पs सब तरह के जांच करे खातिर स्वतंत्र बा आ स्वतंत्र रूप से जांच करवावल जा सकत बा।” ओहिजा, यूएस कंसल्टिंग दिग्गज मैकिंसे अपना दफ्तरन के तलाशी के पुष्टि करत कहलें कि ऊ अधिकारियन के संगे जांच में पूरा सहयोग कर रहल बाड़ें। लोइक सिग्नोर कहलें, हमनी के पार्टी सरकारी वकीलन के पार्टी के कैंपेन से जुड़ल जरूरी सब जानकारी देवे खातिर तइयार बा।

मैकिंसे कंसल्टिंग के कार्यालयन के तलाशी

मैकिंसे कंसल्टिंग अपना कार्यालयन के तलाशी के पुष्टि करत कहलें कि “हमनी के अधिकारियन के संगे पूरा सहजोग कर रहल बानी” कंपनी कहलस ई पक्षपाती आ साजिश के तहत कइल जा रहल जांच अक्टूबर से चल रहल बा।

मैकिंसे के कुछ सलाहकार मैक्रॉन के 2017 के चुनाव अभियान में बिना वेतन के काम कइले रहे लोग। अधिकारी ई जांच कर रहल बा लोग कहीं ई कैंपेन अभियान में चोरी से पईसा तs खर्च ना कइल। एजेंसी इहो देख रहल बा कि इमैनुएल मैक्रॉन सरकार के कहीं मैकिन्से कंपनी फायदा तs नइखे पहुंचवलें।

412340cookie-checkEmmanuel Macron: बढ़ सकत बा इमैनुएल मैक्रॉन के मुश्किल, पार्टी दफ्तर में एजेंसियन द्वारा लिहल गइल तलाशी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.