[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज में दर्दनाक हादसा: बम जइसन धमाका…फिर अचानक आखीं के सोझे छा गइल अन्हार, प्रशासन बा चुप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आखिर के बा एह छज्जा ढहले से भइल मौतन के जिम्मेदार?

मंगर के दुपहर भवन के मलबे के ढेर में दबल चीख के बीच सबके निगाह एह सवाल के जवाब जोहत रहे, लेकिन एहपर भवन के देखरेख करे वाले ट्रस्ट के पदाधिकारियन से ले के नगर निगम के अफसरन तक के होठ सिया गइल बा। नगर निगम के जर्जर भवन की सूची में भी ई दर्ज नाइ बा। एहलिए एह भवन के खाली करवलें खातिर नगर निगम के ओर से नोटिस ले जारी नाइ कइल गइल रहे।
हटिया चौराहा पर छह बिस्वा रकबे में बनल जौने सौ साल से भी अधिक पुरान जर्जर भवन में ई दिल दहलाबे वाला हादसा भइल ओकर देखरेख ठाकुर ट्रस्ट की ओर से कइल जात रहल। सात दुकान अउर छह आवास वाले एह भवन के पश्चिमी बरचा गिरला से पांच लोग के मौत से शहर मे सबके काठ मार गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]