[the_ad_group id="30365"]

UP Weather: आवे आला 24 घण्टा में भारी बरखा के उमेद, जानीं अगिला 6 दिन कइसन रही मौसम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मानसून के हवा के मुख्य धारा के बहाव आखिरकार एह समय मेरठ से लखनऊ फुर्सतगंज होखत बंगाल के खाड़ी के तरफ बन गइल बा। अइसना में आवे आला 24 घण्टा में भारी बरखा हो सकेला। एकरा के अइसे समझल जा सकेला कि एह समय मानसून के मुख्य हिस्सा लखनऊ के ऊपर से गुजरत बा। एही कारणे बुध के दुपहरिया 1:30 बजे से साँझ के 5:00 बजे के बीचे 52.3 मिलीमीटर बरखा रिकॉर्ड कइल गइल। मौसम विभाग के अनुमान के मोताबिक आवे आला 5-6 दिन में मौसम अइसने रही। बरसात के अनुपात बढ़िया रही। बियफे के बरसात के निमन संभावना बा।

हिन्दुस्तान के एगो रिपोर्ट के मोताबिक बुध के बरखा एतना तेज होत रहे कि कुछे मिनट में जगे-जगे जलभराव के इस्तिथी पैदा हो गइल। मौसम विभाग के अनुसार एक घण्टा में लगभग 37.5 मिलीमीटर बरखा भइल। ई दिन भर में सबसे तेज बरखा रहे जवन 1:30 से लेके अढ़ाई बजे ले समूचा शहर में भइल।

वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार के अनुसार मॉनसूनी हवा भा टर्फ लाइन कुछ समे ला गुजरात से लेके उड़ीसा ले बदलल रहे। अब उ अपना समान्य रस्ता पs लवट रहल बिया। एक दिन पहिले ले मानसून श्रीगंगानगर आ राजस्थान कावर रहे जवन तेजी से बदलत यूपी के ऊपर आ गइल। एह वजह से अभी यूपी के कइयन गो शहरन में निमन बरखा के संकेत बा।

बीतल 24 घण्टा में अधिकतम तापमान 34.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। न्यूनतम तापमान 29.6 डिग्री रहे। बियफे जब बादल आसामान में छाइल रही। लखनऊ समेत राज्य भर में भारी बरखा के अनुमान बा। अधिकतम तापमान 33 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम तापमान 27 डिग्री सेल्सियस रह सकेला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]