[the_ad_group id="30365"]

बिहार में खेला! फ्लोर टेस्ट से पहिले भईल मीटिंग में नाहीं पहुंचले JDU के 4 विधायक, मोबाइलो कइले स्विच ऑफ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

12 फरवरी के होखे वाला फ्लोर टेस्ट से पहिले बिहार में राजनीतिक उथल-पुथल शुरू हो गईल बा। आजु यानी 11 फरवरी के जेडीयू एगो बैठक बोलवले रहे जवना में जेडीयू के विधायक भाग लेले रहले। लेकिन जेडीयू के 4 विधायक बैठक में ना अइले अवुरी उनुकर मोबाइल भी बंद बा।

पूरा मामिला का बा?

असल में जेडीयू के मंत्री विजय चौधरी के आवास पs जेडीयू के बैठक होखत रहे, जवना में जेडीयू के विधायक शामिल रहले। एह बइठक में जेडीयू के 4 विधायक बीमा भारती, सुदर्शन, डॉ संजीव आ दिलीप राय शामिल ना भइले। इs सभ विधायक 10 फरवरी के श्रवण कुमार के आवास पs आयोजित भोज में भी ना आईल रहले। अचरज के बात इs बा कि एs चारो विधायक के मोबाइल भी बंद बा। बता दीं कि जेडीयू के एह बइठक में सीएम नीतीश कुमार भी मौजूद रहले।

हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा के विधान दल के बइठक भी आजु पूर्व सीएम मांझी के आवास पs चल रहल बा। एह बइठक में पार्टी के सभे 4 विधायक मौजूद बाड़े। जीतन राम मांझी के दावा बा कि हमनी के 128 से जादे के आंकड़ा पार कs देब।

भाजपा नेता रविशंकर प्रसाद के बयान सामने आइल

बिहार के राजनीतिक घटनाक्रम पs भाजपा नेता रविशंकर प्रसाद के बयान भी सोझा आईल बा। बिहार में फ्लोर टेस्ट के बारे में उs कहले कि हमनी के कवनो डर नईखे, खाली दु दिन के बात बा। उनुका (तेजस्वी) घर में लोग काहे बंद बाड़े? पूर्व उपमुख्यमंत्री के घर में विधायक काहे बंद बाड़े?

 

 

TAGS:, , ,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]