[the_ad_group id="30365"]

गठबंध के झटका देवे के फिराक में अरविंद केजरीवाल ? पंजाब में कहले ई बात; दिल्ली तले मचल हलचल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के बाद अब दिल्लीयों में विपक्षी गठबंधन के झटका लाग सकऽता। आम आदमी पार्टी (AAP) के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल कहले हऽ कि आप राजधानी के सब लोकसभा सीटन पऽ चुनाव जीती। एकरा के सुन के इहे तऽ लागऽता कि अरविंद केजरीवाल कांग्रेस के साथे गठबंधन के मूड में नइखन।

पंजाब के खन्ना में एगो रैली के संबोधित करत केजरीवाल कहले हऽ कि दिल्ली के लोग आम आदमी पार्टी के सात के सात लोकसभा सीट देवे के ठान लेले बा। पंजाब के सब 13 के 13 सीट देके भगवंत मान के हाथ मजबूत कऽ दिहल जाव। फेर केंद्र सरकार आ राज्यपाल के हिम्मत ना होई कि उऽ लोग पंजाब के पैसा आ कवनो काम रोकी।

अबहीं ले तस्वीर साफ नइखे गठबंधन के 

आम आदमी पार्टी जदि दिल्ली में अकेले लोकसभा चुनाव लड़ऽ तिया तऽ INDI गठबंधन के झटका लाग सकऽता। काहेकि इहाँ कांग्रेस के साथे चुनाव लड़े के चरचा चलल रहें। बात इहो बा कि अबहीं ले कवनो पारटी पार्टी के ओर से अलग चुनाव लड़े के कवनो आधिकारिक बयान नइखे आइल। बाकिर दुनु पारटी सब सीटन पऽ चुनाव लड़े के तइयारी कर रहल बाड़ी सन। कांग्रेस आ आप सीट शेयरिंग के लेके इहो कहत आ रहल बाड़ी सन कि गठबंधन के लेके सकारात्मक चरचा जारी बा।

पंजाब में अकेले चुनाव लड़ी आप 

आप के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल सनिचर के कहले कि उनकर पार्टी पंजाब के 13हो लोकसभा सीट आ चंडीगढ़ के एगो संसदीय सीट खातिर उम्मीदवारन के घोसना करी। उऽ जनता से अपना उम्मीदवारन के जीत खातिर आसीररबादो मंगले। केजरीवाल पंजाब सरकार के राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा अधिनियम के अंतर्गत राशन के ‘डोरस्टेप डिलीवरी’ खातिर आयोजित एगो सभा के संबोधित करत ई घोसना कइले।

2024 के लोकसभा चुनाव खातिर AAP के तइयारी के बारे में पूछला पऽ पंजाब के मुख्यमंत्री भगवंत मान ने कहले कि एऽ महीना के अंत ले हमनी पंजाब से अपना कुल्ह 13 आ चंडीगढ़ से एगो उम्मीदवारों के घोसना करबऽ। हमनी के बिस्वास बा कि ई 14-0 होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]