[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : नीतीश सरकार के बड़ फैसला, पेंशन लेवे वाला खातिर खुशखबरी; अब घर बइठले होई जीवन प्रमाणीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार के नीतीश सरकार राज्य के 1.16 करोड़ सामाजिक सुरक्षा पेंशन लेवे वाला लोगन के बड़ राहत देले बिया। सरकार साफ कहले बिया कि अब तकनीकी गड़बड़ी भा कागज-पत्तर में कमी के चलते कवनो पात्र आदमी के पेंशन ना रुकी। पेंशन लेवे वाला के सुविधा खातिर अब हर महीना पंचायत स्तर पs शिविर लगावल जाई। जे बुजुर्ग केंद्र तक ना पहुंच पाई लोग, ओह लोग के घरे खुद विभाग के कर्मी जा के जीवन प्रमाणीकरण करी लोग।

पंचायत स्तर पs लागी शिविर, घरे आई टीम

एह बारे में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी कहलें कि पेंशन लेवे वाला लोगन के जीवन प्रमाण पत्र बनवावे में जवन दिक्कत आ रहल बा, ओकरा के देखत प्रक्रिया के बहुत आसान बना दिहल गइल बा। एकरा के आउर व्यापक बनावे खातिर महीना में एक बेर प्रखंड आ पंचायत स्तर पs विशेष शिविर लगावज जाई। जदि कवनो लाभार्थी शारीरिक कमजोरी भा अक्षमता के कारण शिविर में नइखे आ पावत, तs विभाग के टीम ओह लोग के घरे जाके सत्यापन करी। नाम, आधार कार्ड भा अंगूठा के निशान में मेल ना खइला के चलते अब केहूओ के पेंशन से वंचित ना कइल जाई।

2005 के मुकाबला 10 गुना बढ़लें लाभार्थी

समाज कल्याण विभाग के सचिव वंदना प्रेयषी आंकड़ा के माध्यम से विभाग के उपलब्धि बतवली। ऊ कहली कि साल 2005 में पेंशन लेवे वाला लोगन के संख्या खाली 12 लाख रहे, जवन अब बढ़ के 1.16 करोड़ हो गइल बा। अभी विभाग के अलग-अलग योजना के लाभ करीब 3.5 करोड़ लोगन तक पहुंच रहल बा। ऊ इहो बतवली कि अब तक 70 लाख लाभार्थी लोगन के सत्यापन के काम पूरा हो चुकल बा।

Read Also: 22 जनवरी 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]