[the_ad_group id="30365"]

Changur Baba Gang के प्रतापगढ़ तक फइलल तार! सोलर कंपनी के आड़ में मतांतरण कैंप बनावे के रहे इरादा, एटीएस खोललस राज

ATS exposes Changur Baba gang conversion plan in Pratapgarh under solar company cover
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रतापगढ़। मतांतरण रैकेट के सरगना जमालुद्दीन उर्फ छांगुर बाबा के गैंग के तार अब प्रतापगढ़ तक पहुंच गइल बा। ई खुलासा तब भइल जब एटीएस नागपुर निवासी ईदुल इस्लाम के गिरफ्तार कइलस।

पूछताछ में ईदुल इस्लाम बतवलें कि ऊ प्रतापगढ़ के अंतू थाना क्षेत्र के साधौपुर गांव में सोलर कंपनी खातिर 44 बीघा जमीन के एग्रीमेंट करवलस। एह जमीन पs चुपचाप मस्जिद बनावे के काम सुरू करा दिहल गइल रहे। आरोपी पs एटीएस पहिले से नजर रखले रहे।

सूबे के एटीएस टीम, निरीक्षक श्रीनिवास के नेतृत्व में, नागपुर में कार्रवाई करत आरोपी के दबोच लेलस। सूत्रन के मोताबिक, पूछताछ में आरोपी कबूल कइलस कि ऊ अंतू के साधौपुर गांव में जमीन के एग्रीमेंट करवले बा। ऊ इहां सोलर कंपनी के आड़ में मतांतरण करावे खातिर कैंप कार्यालय बनावे के फिराक में रहे।

एने, जब जमीन के एग्रीमेंट करे वाला काश्तकारन के एह बात के जानकारी भइल, तs ऊ लोग एग्रीमेंट रद्द करावे खातिर रजिस्ट्री ऑफिस में प्रार्थना पत्र दे देलस। संभावना बा कि एटीएस आरोपी के लेके प्रतापगढ़ आ सकेले। हालांकि, अंतू कोतवाल अभिषेक सिरोही एह तरे के कवनो जानकारी से इनकार कइले बाड़ें। उनकर कहनाम बा कि एटीएस भा कवनो एजेंसी अभी तक कवनो आधिकारिक सूचना ना देलें।

 Read Also: Sambhal Violence : मास्टरमाइंड शारिक साठा के घर कुर्की के कार्रवाई, चार लोगन के हो गइल रहे मौत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]