WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (23655) AND type = 4
पाकिस्तान के एनएसए मोईद युसुफ इस्तीफा देले बाड़े। मोईद युसुफ के इमरान अमेरिका से पाकिस्तान ले आइल रहस।
संसद में अविश्वास प्रस्ताव खारिज होखला आ नेशनल असेंबली भंग कइल गइला के ममिला में सोमार के पाकिस्तान के सुप्रीम कोर्ट सुनवाई कइलस। विपक्ष के पार्टी PPP (पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी) एगो याचिका दायर कइले रहे। ओकर मांग रहे कि एह ममिला के सुनवाई ला सभे 16हो जज लो के बेंच बनावल जाव। एह मांग के 3 जज के बेंच खारिज कs देलस। कोर्ट कहलस- जददि विपक्ष के हमनी पs भरोसा नइखे तs हमनी के इहवां मवजूद रहला के कवनो मतलब नइखे।
एकरा बाद कार्यवाही आगा बढल तs एह तीन जज के बेंच कहलस- संसद में जवन कुछ भइल ओकर समीक्षा जरूरी बा। हमनी के सभे पक्ष के नोटिस जारी कइले बानी सs। अगिला सुनवाई मंगर के होई। दोसरा तरफ राष्ट्रपति आरिफ अल्वी कहले- केयरटेकर प्रधानमंत्री के नियुक्ति तक इमरान खान पद पs बनल रहिहे।