[the_ad_group id="30365"]

बिहार : लालू अवुरी शहाबुद्दीन परिवार में फेर से आइल खटास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार से राज्यसभा चुनाव खाती राष्ट्रीय जनता दल के ओर से मिसा भारती अवुरी फयाज अहमद के नामांकित कईला के बाद दिवंगत ‘मसल’ नेता मोहम्मद शहाबुद्दीन के पत्नी हीना शाहब अपना पार्टी से खुश नईखी। हीना शहाब सिवान में मीडिया के लोग से कहली कि, हमनी के अपना लोग से ए मामला प चर्चा करतानी। बिहार के लोग हमरा परिवार निहन बा अवुरी कवनो फैसला लेवे से पहिले हम हर समर्थक से ए बारे में चर्चा करब। अभी हम राजद नईखी छोड़त।

लालू परिवार पर आरोप लगावल गइल

मोहम्मद शहाबुद्दीन के मौत के बाद उनुका परिवार के लोग लालू प्रसाद यादव परिवार प उनुका से दूरी बनावे के आरोप लगवले बाड़े। हीना शाहब अवुरी उनुका परिवार के बाकी लोग के मुताबिक तेजस्वी यादव चाहे तेजप्रताप यादव भी नई दिल्ली में शहाबुद्दीन के कब्र प श्रद्धांजलि देवे ना गईल रहले।

तेजस्वी-तेज प्रताप ओसम के शादी में शामिल भइले

हालांकि तेजस्वी यादव अवुरी तेजप्रताप यादव हाल में सीवान में अपना बेटा ओसामा शहाब के बियाह में शामिल भईल रहले।

लालू परिवार के खिलाफ नारे

बियफे का दिने हीना शहब सीवान के एगो निजी होटल में राजद कार्यकर्ता के बइठक में शामिल भइली जवना में शाहाबुद्दीन के समर्थक लालू प्रसाद यादव आ तेजस्वी यादव के राज्यसभा ना भेजे के फैसला का खिलाफ नारा लगवले.

एह बइठक में जिला स्तरीय राजद नेता बोलावल गइल आ राजद विधायक सीवान के अवध बिहारी चौधरी, सिवान के बढरिया के बच्चा पाण्डेय, सिवान के रघुनाथपुर के हरिशंकर यादव आ एमएलसी विनोद जायसवाल मौजूद ना रहले.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]