जातीय जनगणना पs संसदीय मंत्री विपक्षी दलन के भेजले नेवता, एक जून के होखे आला बा सर्वदलीय बइठक

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2022

पटना। संसदीय कार्य मंत्री विजय कुमार चौधरी मुख्यमंत्री के अध्यक्षता में जाति आधारित जनगणना करावे के विषय पs आयोजित बइठक खातिर अलग-अलग दलन के नेता लो के आमंत्रण पत्र भेजले बाड़े। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के

Share

पटना। संसदीय कार्य मंत्री विजय कुमार चौधरी मुख्यमंत्री के अध्यक्षता में जाति आधारित जनगणना करावे के विषय पs आयोजित बइठक खातिर अलग-अलग दलन के नेता लो के आमंत्रण पत्र भेजले बाड़े। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में एक जून के सर्वदलीय बइठक होखे आला बा। एह बइठक में राज्य स्तर पs जातीय जनगणना करावे के तौर-तरीकन पs चरचा होई।

सर्वसम्मत प्रस्ताव पारित

एह संबंध में मंत्री विजय कुमार चौधरी कहले कि बिहार में जातीय जनगणना के मांग बहुत समय से हो रहल बा। बिहार विधान सभा में दु बेर एह संदर्भ में सर्वसम्मत प्रस्ताव पारित कइल गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बिहार के अलग-अलग दल के नेता लो के एगो प्रतिनिधिमंडल प्रधानमंत्री से मिलके जातीय जनगणना करावे के मांग कs चुकल बा।

केंन्द्र सरकार के भेजल गइल रहे सिफारिश

राज्य सरकार जनगणना 2021 के जातिगत आधार पs करावे के सिफारिश केन्द्र सरकार के भेजले रहे, बाकिर केंद्र सरकार के तरफ से असमर्थता जतावल गइल। लोकसभा में एह मसला पs केंद्रीय मंत्री कहले कि राज्य चाहें तs अपना स्तर पs ई करवा सकत बा। एकरा बाद मुख्यमंत्री बिहार में एकरा के राज्य सरकार के ओर से करावे ला अलग-अलग दल के नेता लो के बइठक बोलावे के घोषणा कइले रहस।

बइठक में भाग लेवे के कोसिस करीं

सबे से राय लेला के बाद ई बइठक 1 जून 2022 (बुध) के 4 बजे अपराहन में ‘सवाद’ मुख्यमंत्री सचिवालय, 4 देशरत्न मार्ग में मुख्यमंत्री के अध्यक्षता में आयोजित कइल गइल बा। विजय चौधरी अपना पत्र में तमाम राजनीतिक दल के नेता से अनुरोध कइले बाड़े कि ससमय एह बइठक में भाग लेवे के कष्ट करीं।

जातीय जनगणना के लेके इस्थिति होई साफ

बिहार में जातीय जनगणना करावे के मांग के लेके विपक्ष लगातार हमलावर बनल बा. विपक्ष के नेता तेजस्वी यादव लगातार सर्वदलीय बइठक करावे के मांग करत रहस। अब सरकार सब दलन से बात कइला के बाद बइठक के तारीख तय कs लेले बिया। 1 जून के एह बइठक के बाद बिहार में जातीय जनगणना के लेके इस्थिति साफ हो जाई।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.