राज्यसभा चुनाव: आधा से जादे सीट पs उम्मीदवार बदले के मूड में भाजपा, एह लो के मिल सकत बा फेर से मवका

By Anurag Ranjan

Published on: May 28, 2022

राज्यसभा के 57 सीट खातिर होेखे वाला चुनाव में भाजपा अपना जीत वाला सीट में लगभग आधा पs नाया चेहरा ला सकत बिया। भाजपा के 25 सांसद रिटायर हो रहल बा लो, जबकि उ लगभग

Share

राज्यसभा के 57 सीट खातिर होेखे वाला चुनाव में भाजपा अपना जीत वाला सीट में लगभग आधा पs नाया चेहरा ला सकत बिया। भाजपा के 25 सांसद रिटायर हो रहल बा लो, जबकि उ लगभग 22 सीट जीत सकत बिया। पार्टी के केंद्रीय नेतृत्व अलग – अलग राज्यन के संगे उम्मीदवारन के लेके मशविरा कs चुकल बा। उ एक-दु दिन में अपना उम्मीदवारन के घोषणा कs सकत बा लो। नामांकन के आखिरी तिथि 31 मई बा।

राज्यसभा के सीटन ला 10 जून के मतदान होखे के बा। अलग -अलग राज्यन के विधानसभा के दलीय इस्थिति के देखत भाजपा मध्य प्रदेश, कर्नाटक, महाराष्ट्र, राजस्थान, झारखंड, बिहार, हरियाणा, उत्तराखंड आ उत्तर प्रदेश में सीट जीते के इस्थिति में बा।  प्रमुख नेता लो के कार्यकाल समाप्त हो रहल बा। एमे राज्यसभा में नेता सदन केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल, केंद्रीय मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी आ केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण शामिल बा लो। एह सब लो के फेर से राज्यसभा में ले आवल जाई, हालांकि कुछ के राज्य बदल जाई।

उत्तर प्रदेश के 11 सीट में से 8 सीट जीत सकत बिया भाजपा

उत्तर प्रदेश के 11 सीट में से भाजपा 8 सीट जीत सकती बिया। इहां पs भाजपा के 5 सदस्य रिटायर हो रहल बा लो। पार्टी के लगे एह 8 सीट खातिर एक दर्जन से जादे प्रमुख नाम चर्चा में बा। एमे मवजूदा सांसद जफर इस्लाम, संजय सेठ, सुरेंद्र नागर आ शिव प्रताप शुक्ला के संगे पूर्व उप मुख्यमंत्री दिनेश शर्मा, लक्ष्मीकांत वाजपेयी, प्रियंका रावत, जयप्रकाश निषाद के नाम शामिल बा। हरियाणा में एक सीट पs भाजपा राष्ट्रीय महासचिव दुष्यंत गौतम के नाम चरचा में बा। उत्तराखंड के एगो ला पार्टी के नाम तय कइल बाकी बा। इहां पs पूर्व मुख्यमंत्री त्रिवेंद्र सिंह रावत बड़ दावेदार बाड़े।

बिहार में भाजपा के दु सीट मिले के संभावना बा

बिहार में दु सीट भाजपा के मिले के संभावना बा। एकरा खातिर एक दर्जन नाम के चरचा बा। पार्टी इहां पs सामाजिक समीकरणन के धेयान में राखके टिकट तय करी। मध्य प्रदेश, कर्नाटक आ महाराष्ट्र में भाजपा के दु-दु सीटे मिले के संभावना बा, जबकि राजस्थान आ झारखंड में एक-एक सीट मिल सकत बा।

कइयन गो राज्य स्थानीय नेता के उम्मीदवार बनावल जाये के मांग कइलस

सूत्रन के मोताबिके, कइयन गो राज्य स्थानीय नेता के अपना इहां से उम्मीदवार बनावल जाये के मांग कइले बा। अइसन में पार्टी अलग-अलग समीकरण के धेयान में राखत उम्मीदवार के नाम तय करी। सूत्रन के मोताबिक केंद्रीय नेतृत्व जीते के संभावना वाला सब सीट खातिर उम्मीदवारन के नाम पs चरचा के काम पूरा कs लेले बा आ एक-दु दिन में सूची घोषित कs दिहल जाई। जवना लोग के उम्मीदवार बनावल जाई ओह लो के दु दिन पहिले सूचना दे दिहल जाई, ताकि ऊ तइयारी कs सकी लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.