[the_ad_group id="30365"]

सोशल मीडिया पs छा गईली बिहार के खुशबू मैडम, देशभर में एह वजह से हो रहल बा तारीफ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के एगो महिला शिक्षक छात्रन के पढ़ावे के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखता। भारत सरकार के शिक्षा मंत्रालय के ओएसडी संजय कुमार बांका के कटोरियां प्रखंड में स्थित प्रमोटेड मिडिल स्कूल कठौन के महिला शिक्षक के ‘चहक’ कार्यक्रम के वीडियो के तारीफ कईले, जवन कि वायरल भईल। दरअसल भारत सरकार के ओर से आयोजित प्रशिक्षण में स्कूल ना आवे वाला सभ स्कूल के शिक्षक के ‘चहक’ प्रशिक्षण दिहल जाता। ओह लइकन के ‘चहक’ के माध्यम से जागरूक करे आ स्कूल भेजे के काम हो रहल बा।

खुशबू मैडम के चरचा विद्यार्थियन के अलगे तरीका से पढ़ावे खातिर हो रहल बा. मजेदार बात ई बा कि लइका-लइकी खुशी-खुशी स्कूल आवेला आ खुशबू मैडम पढ़ावेली उs आसानी से समझ में आवेला। खुशबू मैडम के क्लास में लइका-लइकी बहुत खुश होलें।

खुशबू मैडम के अंदाज लोग के पसंद आ रहल बा

बांका के कटोरियन प्रखंड के स्कूल में छुट्टी ले बच्चा के शिक्षा में रुचि पैदा करे अवुरी पाठ्यक्रम के आसानी से समझे खातीर चहक एफएलएन के तहत एगो कार्यक्रम के आयोजन कईल जाता। खुशबू के बच्चन के अनोखा तरीका से पढ़ावे के वीडियो लोग पसंद कs रहल बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]