[the_ad_group id="30365"]

Education: दिल्ली विवि में दाखिला खातिर आज जारी होई संभावित रैंक, दु दिन में प्राथमिकतन में बदलाव संभव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली विश्वविद्यालय के शैक्षणिक सत्र 2024-25 में स्नातक के  71 हजार से अधिक सीटन पs दाखिला खातिर छात्रन के सिमयुलेटेड रैंक (संभावित रैंक) अतवार (11 अगस्त सांझ पांच बजे) जारी कइल जाई।

छात्रन के डैशबोर्ड पs मिले वाली एह रैंक के माध्यम से छात्रन के अपना दाखिला के संभावनन के पता चल सकी।

एकरा बाद छात्रन के दु दिन तक ई अवसर होई कि ऊ आपन एमएम प्राथमिकतन में फेर से बदलाव कs सकी। छात्रन के एह बात के धेयान रखे के होई कि ई संभावित रैंक ओह  लोगन के दाखिला के गारंटी ना हs। सिमयुलेटेड रैंक (संभावित रैंक) के बाद आपन प्राथमिकतन के दोबारा बेवस्थित कइला के बाद दाखिला खातिर कॉमन सीट एलोकेशन सिस्टम (सीएसएएस) के तहत 16 अगस्त के पहिला सीट आवंटन सूची जारी कs दिहल जाई।

डीयू दाखिला डीन प्रो. हनीत गांधी बतवलें कि सीएसएएस के दूसरका चरण (कॉलेज व कोर्स) चयन के प्रक्रिया सुक के आधा रात समाप्त हो गइल। डीयू में कुल 2, 45, 273 आवेदन भइल बा, जेमे से 1 लाख 82 हजार से जादे छात्र लोग एक करोड़ 60 लाख से अधिक कॉलेज आ कोर्स के वरीयता देले बा लो। ई वरीयता अब ऑटो लॉक हो गइल बा। अब अतवार के जारी होखे वाला संभावित रैंक के बाद छात्र 11 अगस्त सांझ पांच बजे से 12 अगस्त रात 11:59 मिनट तक आपन वरीयतन के दोबारा बेवस्थित कs सकी। एकरा खातिर ओकरा आपन डैशबोर्ड पs जाये के होई।

वरीयतन में बदलाव कइला पs छात्रन के ओकरा के सेव करे के होई। ना तs अंतिम सेव कइल गइल प्राथमिकता स्वत: लॉक हो जाई आ सीट आवंटन निर्धारण के आधार बनी। ई संभावित रैंक छात्रन के सीयूईटी स्कोर आ कॉलेज कोर्स चयन के प्राथमिकता के आधार पs जारी होई। छात्र कोर्स के सीटन के देखके आपन दाखिला के संभावना के अंदाजा लगा सकी लो।

बीकॉम आ बीकॉम ऑनर्स पहिला पसंद

कॉलेज आ कोर्स चयन प्रक्रिया समाप्त होखला के बादो टॉप सात प्रोग्राम में बीकॉम आ बीकॉम ऑनर्स छात्रन के पहिला पसन बनल बा। एकरा बाद अंग्रेजी ऑनर्स, राजनीति विज्ञान ऑनर्स, इतिहास ऑनर्स, साइकोलॉजी ऑनर्स आ अर्थशास्त्र ऑनर्स सबसे जादे चयनित प्रोग्राम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]