[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: नेचर इंडेक्स रैंकिंग में यूपी के राज्य विश्वविद्यालयन में शीर्ष पs डीडीयू

ddu gorakhpur
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय नेचर इंडेक्स रैंकिंग में स्थान प्राप्त करे में सफलता हासिल कइले बा। विश्वविद्यालय उत्तर प्रदेश के राज्य विश्वविद्यालयन में शीर्ष स्थान प्राप्त करे में सफल भइल बा।

नेचर इंडेक्स रैंकिंग उच्च गुणवत्ता वाला प्राकृतिक विज्ञान पत्रिका में ओकर जोगदान के आधार पs संस्थानन के मान्यता देला। डीडीयू के भारत के सब उच्च शिक्षा संस्थानन में 103वां आ विश्वविद्यालयन में 47वां स्थान बा। विशेष रूप से भौतिक विज्ञान में गोरखपुर विश्वविद्यालय उच्च शिक्षा संस्थानन में 57वां आ विश्वविद्यालयन में 28वां स्थान पs बा।
रसायन विज्ञान के क्षेत्र में गोरखपुर विश्वविद्यालय भारत के सब उच्च शिक्षा संस्थानन में 118वें आ विश्वविद्यालयन में 92वां स्थान पs बा। प्राकृतिक विज्ञान पत्रिका में अपना प्रकाशनन खातिर डीडीयू सब उच्च शिक्षा संस्थानन में 95वां आ विश्वविद्यालयन में 45वां स्थान पs बा।

राज्य विश्वविद्यालयन में खाली गोरखपुर विश्वविद्यालय आ लखनऊ विश्वविद्यालय आपन स्थान बनावे में सफलता हासिल कइले बा। लखनऊ विश्वविद्यालय भारत के सब उच्च शिक्षा संस्थानन में 238वां आ विश्वविद्यालयन में 172वां स्थान पs बा। लखनऊ विश्वविद्यालय रसायन विज्ञान रैंकिंग में स्थान नइखे बना सकल आ भौतिक विज्ञान आ प्राकृतिक विज्ञान पत्रिका प्रकाशनन में निचला स्थान पs बा।

इहो पढ़ीं : iPhone यूजर्स खातिर बुरा सपना ना बन जाव iOS 18 अपडेट! Apple के पूर्व कर्मचारी चेतवलें

नेचर इंडेक्स रैंकिंग में गोरखपुर विश्वविद्यालय के वर्तमान जोगदान में रसायन विज्ञान के शोध सामिल बा। एकरा संगही भौतिकी पत्रिकन जइसे कि यूरोपियन फिजिकल जर्नल सी, मंथली नोटिसेस ऑफ द रॉयल एस्ट्रोनॉमिकल सोसाइटी: लेटर्स और द एस्ट्रोफिजिकल जर्नल में तीन प्रकाशन बा। एकरा  अतिरिक्त, रसायन विज्ञान रैंकिंग में ऑर्गेनिक लेटर्स में एगो प्रकाशन सामिल बा।

का हs नेचर इंडेक्स

नेचर इंडेक्स 82 उच्च गुणवत्ता वाली विज्ञान पत्रिकन के स्वतंत्र रूप से चयनित समूह में प्रकाशित शोध लेखन से एकत्रित लेखक संबद्धता जानकारी के एगो डेटाबेस हs। डेटाबेस नेचर रिसर्च के ओर से  संकलित कइल गइल बा। नेचर इंडेक्स संस्थागत, राष्ट्रीय आ क्षेत्रीय स्तर पs उच्च गुणवत्ता वाल शोध आउटपुट आ सहजोग के लगभग वास्तविक समय प्रॉक्सी प्रदान करेला।  प्रदेश में कुल 19 गो राज्य विश्वविद्यालय बा। जेमे से गोरखपुर आ लखनऊ विश्वविद्यालय एमे जगह बनवले बा।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन एह उपलब्धि पs कहली कि ई हमनी के शिक्षकन, शोधकर्ता आ छात्रन के असाधारण काम के प्रमाण हs। हमनी के एह मान्यता  से सम्मानित बानी सs आ अपना शैक्षणिक आ शोध प्रयासन के आगे बढ़ावे खातिर प्रतिबद्ध बानी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]