[the_ad_group id="30365"]

बिहार बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट आज दुपहरिया 1:15 बजे जारी होई, एह तरह से करीं चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट आज दुपहरिया 1:15 बजे जारी होई, एह तरह से करीं चेक

BSEB Bihar Board Class 10th Result 2023 Live News in Hindi: बिहार में दसवीं कक्षा के छात्रन के धड़कन बढ़ल। दसवीं कक्षा के छात्रन के बिहार बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट biharboardonline.bihar.gov.in पे नजर राखे के सलाह दिहल जा रहल बा|

10वां रिजल्ट जल्दिए बिहार बोर्ड जारी क सकता। पिछला साल के बात कइल जाव त ओह साल एकर नतीजा 79.88 फीसदी रहल | अबकी बेर रिजल्ट 80 फीसदी से अधिका होखे के उमेद बा| बिहार मैट्रिक रिजल्ट जाँच करे खातिर विद्यार्थी एह विवरण के तइयार राखेलें| रोल कोड आ रोल नंबर।

 

 31-मार्च-2023 के सबेरे 10:54 बजे

बिहार स्कूल परीक्षा समिति के अध्यक्ष आनंद किशोर बतवले कि आजु दुपहरिया 1.15 बजे मैट्रिक वार्षिक परीक्षा 2023 के रिजल्ट माननीय मंत्री शिक्षा विभाग प्रोफेसर चंद्रशेखर द्वारा घोषित कइल जाई।

एह तरह से मार्कशीट डाउनलोड करीं…

• दसवीं कक्षा के मार्कशीट चेक करे खातिर पहिले एह लिंक पे क्लिक करीं biharboardonline.bihar.gov.in

•लिंक पे क्लिक कइला के बाद एगो होम पेज खुल जाई

• एकरा बाद Latest Updates के लिंक पे क्लिक करीं

• ओकरा बाद BSEB Inter Result 2023 लिखल देखाई दिही, ओकरा पे क्लिक करीं

• अब अगिला पेज पे चेक रिजल्ट लिखल जाई, ओकर लिंक पे क्लिक करीं

•अब इहाँ मार्कशीट चेक करे खातिर छात्र आपन रोल नंबर अउरी रोल कोड डालस, ओकरा बाद आपके स्क्रीन पे मार्कशीट खुल जाई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]