Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

900
  1. बिहार: बिहार में रामनवमी के शोभायात्रा पs हिंसक झड़प; सासाराम में बमबाजी के बाद घरन के फूंकल गइल, नालंदा में पथराव आ फायरिंग; 2 के गोली लागल, कईयन लोग घायल।
  2. बिहार: गया में वोट के बदले नोट देत लउकले भाजपा जिलाध्यक्ष; शिक्षक आ स्नातक MLC चुनाव के ममिला, सबूत के तौर पs रिकॉर्डिंग खातिर कहलें। आरोपी जिलाध्यक्ष प्रेम प्रकाश विडियो रामनवमी के बतवलें।
  3. उत्तर प्रदेश: IPS राज कुमार विश्वकर्मा बनलें यूपी के कार्यवाहक DGP; डीएस चौहान के रिटायर होखला पs मिलल कमान; प्रशांत कुमार सहित DG रैंक के पांच अफसरन के भइल ट्रांसफर।
  4. उत्तर प्रदेश: सुसाइड करे वाला अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के मां के थाना में हंगामा, चूड़ी तुड़ली, समर सिंह के बचावे के लगवली आरोप।
  5. झारखंड: चतरा में जमीन विवाद में गइल रहे प्रदीप यादव के जान, पुलिस महिला समेत 5 आरोपियन के कइलस गिरफ्तार। घटना में इस्तेमाल टांगी, खून लागल कपड़ा आ आउर सामान बरामद।
  6. PM मोदी के डिग्री के डिटेल देवे के आदेस रद्द: गुजरात हाइकोर्ट केजरीवाल पs पच्चीस हजार के जुर्माना लगवलस। डिग्री सर्टिफिकेट देखवला के जरूरत नइखे।
  7. रामनवमी के एक दिन बाद बंगाल-महाराष्ट्र में फेर हिंसा: हावड़ा आ संभाजीनगर में मंदिरन पs पत्थरबाजी।
  8. इंदौर मंदिर हादसा: 2 बॉडी आउर मिलल, अब 36 मौत; मंदिर ट्रस्ट अध्यक्ष-सचिव पs गैर इरादतन हत्या के केस दर्ज, CM शिवराज सिंह पहुुंचलें तs भीड़ मुर्दाबाद के नारा लगावल। रामनवमी पs होत रहे हवन।
  9. नॉर्थ कोरिया से खाना के बदले हथियार ली रूस: अमेरिका के दावा- डील करे जाई लो रूसी अफसर, किम जोंग उन के देस में अनाज के कमी। रूस-नॉर्थ कोरिया के बीच के डील UNSC के नियमन के खिलाफ।
  10. आईपीएल ओपनिंग सेरेमनी: अरिजीत सिंह के गाना पs झुमले सवा लाख दर्शक, तमन्ना भाटिया आ रश्मिका मंधाना के डांस परफॉर्म पs जमके मचल शोर, 7:30 बजे गुजरात-चेन्नई के बीच मैच होई सुरु।
498860cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.