[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर रेलवे स्टेशन दुष्कर्म मामला में पुलिस जेके उठवलस, पीड़िता बतवली ओके मददगार, अब फोन से खुली राज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर रेलवे स्टेशन के आउटर से अगवा कs के सामूहिक दुष्कर्म के मामला में एगो संदिग्ध के पुलिस उठवले बा। हालांकि, पुलिस जेके उठवले बा, पीड़ित महिला ओके आपन मददगार बता के मामिला के अउरी उलझा दिहलें बाड़ी। अब पुलिस सीसी टीवी कैमरा के फुटेज के मदद से आरोपियन के तलाश में जुटल बा। पुलिस के दावा बा कि अहम सुराग हाथ लाग गइल बा। जल्दिए घटना के पर्दाफाश कs लिहल जाई।

पुलिस के मुताबिक, जांच में पता चलल बा कि महिला रेलवे स्टेशन पs पिछला कुछ दिन से रहत रहली। इहां पर एगो युवक से ओकर जान पहचान हो गइल रहे। ओही युवक से बातचीत के दौरान दूसर लोग आइल अउरी फेर वारदात के अंजाम दे के फरार हो गइल। ओंने घटना के समय भागल युवक केहू के कौनो सूचना नाइ देहलें।

पुलिस पीड़िता के थाना में अइले के बाद जांच तेज कइलस अउर एगो युवक के हिरासत में लिहलस। लेकिन, पीड़िता ओके आरोपी के तौर पs पहिचनलही से इनकार कs देहलें बा। पुलिस घटना में शामिल अन्य आरोपियन के तलाश में जुटल बा, जेसे घटना के कड़ियन के जोड़ के पर्दाफाश कइल जा सके। एसपी जीआरपी अवधेश सिंह के कहनाम बा कि पुलिस टीम लागल बा। जल्दिए घटना के।पर्दाफाश कर लिहल जाई।

पीड़िता के मोबाइल फोन से पुलिस के कई अहम सुराग हाथ लागल बा। शुक्रवार के जीआरपी अउरी जिला पुलिस के संयुक्त टीम आपस में बतकही क के जांच रिपोर्ट साझा कइलस। ओंने, लखनऊ से आईजी रेलवे सत्येंद्र सिंह भी गोरखपुर पहुंचलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]