Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बांकुड़ा में बड़ ट्रेन हादसा, दु गो मालगाड़ी आपस में टकराईल, 6 डिब्बा पटरी से उतरल, ड्राइवर घायल

492

 

पश्चिम बंगाल के बांकुड़ा में दू गो मालगाड़ी के टक्कर हो गइल। ए दुर्घटना में ट्रेन के एक इंजन समेत 6 कोच पटरी से उतर गईल। एकरा संगे एगो मालगाड़ी के चालक घाही हो गईल। चालक के स्थानीय लोग बचा लिहले।

पश्चिम बंगाल के बांकुड़ा में रेल दुर्घटना भइल बा। बांकुड़ा के ओंदा में लूप लाइन पs दू गो मालगाड़ी टकरा गइल । दू गो मालगाड़ी के एगो इंजन समेत छह गो डिब्बा पटरी से उतर गइलें। एगो ड्राइवर घवाहिल हो गइल, जबकि प्लेटफार्म आ सिग्नल रूम के नुकसान हो गइल। रविवार के सबेरे चार बजे के करीब दुर्घटना भईल। ए दुर्घटना के चलते आद्रा-खड़गपुर शाखा पs ट्रेन के आवाजाही बाधित हो गईल।

बांकुड़ा से आवत मालगाड़ी टकरा गइल

जानकारी के मुताबिक मालगाड़ी बांकुड़ा से बिष्णुपुर जात रहे। पटरी पs खड़ा मालगाड़ी के पीछे के डिब्बा के सबसे जादे नुकसान भईल बा। बतावल जाता कि दुर्घटना अतना भयावह रहे कि मालगाड़ी के वैगन पटरी से अलग होके एक दूसरा पs चढ़ गईल। मौका पs अफसरन के टीम मौजूद बा। एकरा संगे मालगाड़ी के डिब्बा के फेर से पटरी पs ले आवे के प्रयास कईल जाता। जवना डिब्बा के अधिका नुकसान भइल बा ओकरा के हटा के दोसरा जगहा राखे के कोशिश कइल जा रहल बा।

 

577760cookie-checkबांकुड़ा में बड़ ट्रेन हादसा, दु गो मालगाड़ी आपस में टकराईल, 6 डिब्बा पटरी से उतरल, ड्राइवर घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.