राजस्थान के बाड़मेर में सेना के विमान ‘मिग’ एयरक्राफ्ट क्रैश, दु गो पायलट शहीद

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2022

राजस्थान के बाडमेर में सेना के विमान मिग एयरक्राफ्ट क्रैश हो गइल। जानकारी मिलतही स्थानीय प्रशासन घटनास्थल पs रवाना हो गइल बा। बतावल जा रहल बा विमान में 2 गो पायलट सवार रहे लो। दुनों

Share

राजस्थान के बाडमेर में सेना के विमान मिग एयरक्राफ्ट क्रैश हो गइल। जानकारी मिलतही स्थानीय प्रशासन घटनास्थल पs रवाना हो गइल बा। बतावल जा रहल बा विमान में 2 गो पायलट सवार रहे लो।

दुनों पायलटन के मौके पs मौत हो गइल। बाडमेर के भीमड़ा गांव में मिग दुर्घटनाग्रस्त भइल बा। विमान के जमीन पs गिरतही आग लाग गइल। एयरक्राफ्ट के जमीन s गिरते इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, विमान के नीचे गिरतही 15 फीट तक गड़हा हो गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.