[the_ad_group id="30365"]

पंजाब में बड़ हादसा: वैसाखी मनावे श्री खुरालगढ़ साहिब जा रहल श्रद्धालुअन के ट्रक कुचललस, सात के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब में बुधवार के देर रात करीब 1.30 बजे एगो बड़ दुर्घटना हो गईल। गुरु रविदास के पावन स्थल श्री खुरालगढ़ साहिब में बैसाखी मनावे खातिर पैदल जात तीर्थयात्री के ट्रक कुचल दिहलस। ए दुर्घटना में सात जने के मउत हो गईल। दुर्घटना खुरालगढ़ सड़क पे भईल।

 

जानकारी के मुताबिक वैसाखी के मउका पे खुरालगढ़ साहिब से चरणछोह गंगा जात रहले। एही बीच पीछे से आवत ट्रक भक्तन के कुचल दिहलस। चार लोग के मउत हो गईल जबकि 13 लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। घाही लोग के सरकारी अस्पताल गढ़शंकर ले जाइल गइल जहाँ घायल भइला के चलते अउरी तीन लोग के मउत हो गइल | गंभीर रूप से घायल पांच लोग के पीजीआई चंडीगढ़ रेफर क दिहल गईल बा। मरेवाला में राहुल राहुल (25), सुदेश पाल (48), रामो (15), गीता देवी (40), उन्नति (16) शामिल बाड़े। सभे मुजफ्फरनगर, यूपी आ जिंदलपुर भादसों के निवासी हवे।

दुर्घटना बुधवार के सबेरे भी भईल

एकरा से पहिले बुधवार के सबेरे करीब साढ़े पांच बजे अचानक एगो ट्रैक्टर ट्रॉली बेकाबू होके गढ़ीमानसोवाल के पहाड़ी में खाई में गिर गईल। ए दुर्घटना में जसवीर सिंह उर्फ ​​जस्सी (27), हैरी (15) आ सदा बाबा (65 साल) के मौका पे मउत हो गईल। बुधवार के सबेरे जहां दुर्घटना भईल रहे, उहाँ से मात्र कुछ दूरी पे देर रात भईल एगो दुर्घटना में सात लोग के मउत हो गईल।

 

इहे हादसा के कारण रहे

बतावल जाता कि भक्त लोग ट्रॉली के पीछे पानी के टंकर आ ओकरा पीछे एगो जनरेटर बांधले रहले। पहाड़ी से ट्रैक्टर के ट्रॉली जसहीं उतरे लागल, पीछे से पानी के टंकर आ जनरेटर के दबाव ट्रैक्टर पे गिर गईल। एकरा चलते ट्रैक्टर बेकाबू होके 100 फीट गहिरा गॉर्ज में गिर गईल। बतावल जा रहल बा कि ई रूट बहुते खतरनाक बा | कई बेर एह तरह से दुर्घटना भइल बा|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]