[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur : गोरखपुर के बैंक रोड में लागल भयंकर आग, लाखन के सामान जरके राख, धमाकन से घबराइल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के टाउन हॉल बैंक रोड पs मंगर के रात आग लग गइल। ई आग कुर्सी बाजार में लागल। बतावल जा रहल बा कि दु गो धमाकन के संगे भयंकर आग लागल। ई आग एतना बड़ रहे कि अगल-बगल के घरन के खाली करावे के पड़ल। बता दीं कि बैंक रोड गोरखपुर शहर के सबसे खास चौराहा हs। मवका पs दर्जनन दमकल के गाड़ियन के आग काबू करे खातिर लगावाल गइल।

स्थानीय लोग बतावल कि आग तनिये देर में विकराल रूप ले लेलस। एह दौरान अफरा तफरी के माहौल हो गइल। आग अगल-बगल के घरन तक पहुंच गइल। अइसन में लोगन के सुरक्षा के मद्देनजर पुलिस घरन के खाली करवलस। घटनास्थल के नजदीक इस्थित शिवाय होटल में ठहरल लोगन के बाहर निकालल गइल।

हालांकि, अभी ले एह हादसा में केहू के घायल होखला के खबर नइखे। एह हादसा के कारण एक रेस्टोरेंट में आग लगला के बाद उहां रखल सिलिंडर में तेज धमाका होखला के मानल जा रहल बा। एकरा बाद आग आसपास के दुकानन के अपना जद में ले लेलस। बगल में पेट्रोल पंप होखल से लोगन में आउर डर फइल गइल। आग से लाखन के नुकसान भइल बा। तकरीबन 12 दुकान एह आग के चपेट में आ गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]