[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू: गोरखपुर विश्ववविधालय में आग से मचल हड़कंप, झाड़ियन में लागल आग के वजह शार्ट सर्किट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर विश्वविद्यालय में विद्युत सब स्टेशन के लगे आज बियफे के तकरीबन 12 बजे के आसपास आग लाग गइल। आग के लपट एतना तेज रहे कि लॉ डिपार्टमेंट आ विद्युत सब स्टेशन के बीच के क्षेत्र के झाड़ियन सहित बिजली के तार आ केबल जर के राख हो गइल।

दुपहरिया में गोरखपुर विश्वविद्यालय परिसर में अचानके अफरा- तफरी के माहौल तब कायम हो गइल जब आग लागला के खबर विश्वविधालय परिसर में तेजी से फइलल। विश्वविद्यालय प्रशासन के तरफ से आनन फानन में अग्निशमन विभाग के सूचना दिहल गइल। जवना के बाद पहुंचल दमकल के 3 गाड़ियन आ कर्मचारियन के मदद से आग पs लगभग 1 घंटा के मशक्कत के बाद काबू पावल जा सकल।

शॉर्ट सर्किट मानल जा रहल बा आग के वजह

एह आगजनी के वजह से सबसे जादे अफरातफरी के माहौल लॉ डिपार्टमेंट में देखे के मिलल, विभाग के लगे झाड़ियन में फइलल आग के असर ओकरा भवन पs पड़े के आशंका विश्वविधालय प्रशासन के चिंता के बढ़ा देलस। समय रहते प्रशासन के सक्रियता आ अग्निशमन विभाग के उचित सहजोग से संभावित बड़ नुकसान टल गइल। आग लगला के कारण बिजली के शॉर्टसर्किट से निकलल चिंगारी के मानल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]