[the_ad_group id="30365"]

आगरा में बड़ हादसा: जम्पिंग के दौरान हाइटेंशन लाइन में अझुरा पैराशूट, कमांडो अंकुर शर्मा के गईल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

पैराशूट हाई टेंशन लाइन में अझुरा गईल जवना के बाद कमांडो गिर गईल अवुरी गंभीर रूप से घाही हो गईल। तुरंत उनुका के अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां उनुकर मउत हो गईल।

आगरा में पैराशूट कूद के दौरान एगो बड़ दुर्घटना भईल। मालपुरा थाना क्षेत्र में पैराशूट कूद के दौरान कमांडो के पैराशूट हाइटन लाइन में अझुरा गईल। इ देख के किसान स्थानीय पुलिस के सूचना देले। कमांडो अंकुर शर्मा के इलाज खातीर मिलिट्री अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां उनुकर इलाज के दौरान मउत हो गईल।

इहाँ दुर्घटना हो गईल

बतावल गइल बा कि पैराशूट मलपुरा के ड्रॉप जोन से दूर हाइटन लाइन में अझुरा गइल।जवना के बाद कमांडो हाई टेंशन लाइन से नीचे गिर गईले। इ देख के स्थानीय लोग मउका पे पहुंच के पुलिस के सूचना देले। बतावल जाता कि कमांडो अंकुर शर्मा जम्मू-कश्मीर में तैनात रहले।

युवक दरद से कराहत रहे

गांव मलपुरा निवासी सेना के जवान रूप सिंह बतवले कि उ छुट्टी पे बाड़े। जइसहीं एगो जवान हाई टेंशन लाइन में अझुरा के अपना खेत के पानी के समर के लगे गिर गईल, ओसही घायल के स्थानीय लोग के मदद से इलाज खातीर सेना के जवान के लगे भेज देले। हालांकि ओह घरी जवान के हालत खराब रहे। युवक दरद से कराहत रहे।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]