[the_ad_group id="30365"]

Maharashtra: दर्दनाक हादसा- सेप्टिक टैंक के सफाई करे उतरल पांच मजदूरन के दम घुटले से मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

परभणी जिला के भाऊचा टांडा गांव में गुरुवार के देर सांझ भईल इ घटना। एगो पुलिस अधिकारी के मुताबिक गुरुवार के दुपहर में 6 मजदूर एगो खेत में सेप्टिक टंकी के साफ करे गईले, लेकिन कुछ समय बाद उनुका सांस लेवे में परेशानी होखे लागल अवुरी उनुका अस्वस्थता होखे लागल।

महाराष्ट्र के परभणी जिला में एगो दर्दनाक हादसा हो गइल बा। इहाँ सेप्टिक टंकी के सफाई करत घरी घुटन के चलते पांच मजदूर के मौत हो गईल। पुलिस इ जानकारी शुक्रवार के देले बिया। एगो मजदूर के हालत खराब बा अवुरी ओकरा के इलाज खातीर जिला अस्पताल में भर्ती करावल जाता। इ घटना मुंबई से करीब 500 किलोमीटर दूर भईल।

पुलिस के कहनाम बा कि इ घटना गुरुवार के देर सांझ भाऊचा टांडा गांव में भईल। इ इलाका सोनपेठ थाना के तहत आवेला। एगो पुलिस अधिकारी के मुताबिक गुरुवार के दुपहर में 6 मजदूर एगो खेत में सेप्टिक टंकी के सफाई करे गईले, लेकिन कुछ समय बाद उनुका सांस लेवे में परेशानी होखे लागल अवुरी उनुका अस्वस्थता होखे लागल।

पुलिस अधिकारी बतवले कि जल्दिए सभ मजदूर के नजदीक के अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां पांच मजदूर के मृत घोषित क दिहल गईल। पुलिस अधिकारी बतवले कि सोनपेठ थाना में मउत के मामला दर्ज हो गईल बा अवुरी एकर जांच हो।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]