[the_ad_group id="30365"]

छपरा के मशरख में पिकअप पलटला से चार मजदूर घायल: सभे बोरा के नीचे दब गइल रहे, दु के हालात नाजुक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के मशरख में बियफे के पिकअप पलटला से चार मजदूर घायल हो गइल लो। दुर्घटना के बाद नजदीकी मशरक सीएचसी में चारो के इलाज खातिर भर्ती करावल गइल। घायलन में दु लोगन के इस्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा।

घायलन के पहचान पानापुर थाना क्षेत्र के मलिकाना गांव निवासी भगेलू राय के 30 बरिस के लईका मंटू राम, मशरक थाना क्षेत्र पदुमपुर गांव निवासी विचार नट के 22 साल के लईका राहुल नट, स्व० शिव कुमार महतो के 35 साल के लईका पप्पू महतो आ डुमरसन गांव निवासी दारोगा साह के 32 साल के लईका संजीत कुमार के रूप में भइल। ड्यूटी पs तैनात चिकित्सक लोग प्राथमिक उपचार कs के बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल गइल। घायलन में राहुल नट आ संजीत कुमार के इस्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा। राहुल के माथा में आ संजीत के सीना में गहिराह चोट लागल बा।

घायल लोग बतावल कि सभे डुमरसन बाजार गल्ला मंडी में मजदूरी करेला। मजदूरी के दौरान पिकअप पs समान लोड कs के पानापुर थाना क्षेत्र के चितामनपुर गांव जात रहे लो। तबे पिकअप अनियंत्रित होके पलट गइल। जेमे हमनी सभे बोरा के नीचे दबके घायल हो गइनी सs। दुर्घटना के खबर मिलतही मशरख सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में परिजनन आ जाने वाला लोगन के जमावड़ा लाग गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]