[the_ad_group id="30365"]

‘पाकिस्तानी सेना बांग्लादेश में नरसंहार कइले रहल’, अमेरिकी सांसद के गंभीर आरोप, प्रस्ताव पेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के दो प्रभावशाली सांसद लोग प्रतिनिधि सभा में एगो प्रस्ताव पेश कइले बा जेमें पाकिस्तान पर गंभीर आरोप लगवले बानें। एह प्रस्ताव में दूनों सांसद अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन से 1971 में पाकिस्तानी सशस्त्र बल द्वारा जातीय बंगाली अउर हिंदुअन के खिलाफ कइल गइल अत्याचार के ‘नरसंहार’ करार देहले के निहोरा कइल गइल बा।

भारतीय मूल के सांसद लोग पेश कइल प्रस्ताव

भारतीय-अमेरिकी कांग्रेस सदस्य रो खन्ना अउर सांसद सीव चाबोट  शुक्क के प्रतिनिधि सभा में ई प्रस्ताव पेश कइलस। एहमें पाकिस्तान सरकार से अइसन नरसंहार में उनकर भूमिका खातिर बांग्लादेश के लोग से माफी मांगे खातिर भी कहल गइल बा। खन्ना कहलें कि बांग्लादेश में 1971 में नरसंहार भइल रहे अउर लाखों लोग मारल गइल रहलें। ऊ कहलें कि ओ लाखों मृतकन में से 80 फीसदी हिंदू रहलें। बांग्लादेशी समुदाय एह प्रस्ताव के स्वागत कइले बा।

सांसद चाबोट कइलें ट्वीट

रिपब्लिकन पार्टी के सांसद चाबोट ट्वीट करत लिखलें कि हमनीके वर्षों बाद भी ओह लाखों लोग के नाइ भुलाए के चाहीं, जौन नरसंहार में मारल गइल रहलें। नरसंहार के बात स्वीकारे के ऐतिहासिक रिकॉर्ड मजबूत होला, हमनीके साथी अमेरिकी जागरूक होला, अउर सथही भविष्य के साजिशकर्ता के ई पता चलsता कि अइसन अपराध के बख्शल चाहे भुलावल नाइ जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]