[the_ad_group id="30365"]

National Youth Day 2023: राष्ट्रीय युवा महोत्सव में शामिल होइहें 30 हजार युवा, पीएम मोदी आजु करिहे उदघाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कर्नाटक के हुबली में 12 जनवरी से शुरू होखे वाला राष्ट्रीय युवा उत्सव के उदघाटन करिहे। महोत्सव 16 जनवरी तक चली। केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर कहलन कि एह दौरान कइयन गो प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाई।

केंद्रीय युवा मामला आ खेल मंत्री अनुराग ठाकुर कहले ह कि राष्ट्रीय युवा महोत्सव के उदघाटन समारोह में देशभर से तीस हजार से अधिक युवा सामिल होईहें। स्वामी विवेकानंद के जयंती के अवसर प हर साल 12 जनवरी के राष्ट्रीय युवा उत्सव आयोजित कईल जाला।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कर्नाटक के हुबली में 12 जनवरी के शुरू होखे वाला राष्ट्रीय युवा उत्सव के उद्घाटन करिहे। महोत्सव 16 जनवरी तक चलीं। केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर कहलन कि एह दौरान कईगो प्रतियोगिता के आयोजन कईल जाइ।

उ कहलन, देश में स्वतंत्रता के अमृत महोत्सव मनावल जाता। हमके उम्मीद बा कि सशक्त होखे के साथे युवा देश के विकास करे में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई। ठाकुर कहने कि भारत के पांच पारंपरिक खेल जईसे, मलखम, योगासन, कलारेपट्टू, थंगटा अउरी गटका के महोत्सव में शामिल कइल जाइ, ताकि लोगन के ओकरा बारे में पता चले अउरी उ भविष्य में राष्ट्रीय अउरी अंतरराष्ट्रीय खेल बन सकें।

1984 में राष्ट्रीय युवा दिवस भईल रहे घोषित

भारत सरकार बरिस 1984 में एह दिन के राष्ट्रीय युवा दिवस के रूप में घोषित कइले रहे। 1985 से हरेक बरिस देश में 12 जनवरी के राष्ट्रीय युवा दिवस मनावल जाला। स्वामी विवेकानंद के भाषण, उनकरी शिक्षा और उद्धरण हमेशा युवा लोगन खातिर प्रेरणा के स्रोत रहल बाने। युवा दिवस के थीम, महत्व, भारत में कार्यक्रमों के समय-सारणी इहाँ देखल जा सके ला।

National Youth Day 2023 Theme विकसित युवा – विकसित भारत

राष्ट्रीय युवा महोत्सव के आयोजन हर साल हमनी के प्रतिभाशाली युवा लोगन के राष्ट्र निर्माण के दिशा में प्रेरित करले के साथे – साथे राष्ट्रीय अउरी अंतरराष्ट्रीय स्तर प भारतीय संस्कृति के विश्व बंधुत्व के संदेश प्रदान करे के खातिर कइल जाता । ए देश के कुलहि हिस्सन से विविध संस्कृतियन के एगो साझा मंच प ळे आवेला अउरी प्रतिभागियन के एक भारत, श्रेष्ठ भारत के भावना से जोड़े ला । ए वर्ष इ महोत्सव 12 जनवरी से 16 जनवरी तक कर्नाटक के हुबली-धारवाड़ में आयोजित कइल जाता, जेकर थीम “विकसित युवा – विकसित भारत” बा। ए दिने देश के युवा लोगन खातिर मनावल जाता, अउरी उनके विवेकानंद के विचारन अउरी दर्शन के अपनावे खातिर प्रोत्साहित कइल जाता। ए भारत के 26वां राष्ट्रीय युवा महोओत्सव होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]