Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक पs पहुंचवलें भिखारी ठाकुर; जयंती पs भइल विचार गोष्ठी के आयोजन 

783

गोरखपुर। भोजपुरी के शेक्सपियर आ नट सम्राट भिखारी ठाकुर के जयंती पs भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था यायावरी वाया भोजपुरी के तरफ से सोमार के एगो विचार गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। एकर संजीव प्रसारण यायावरी वाया भोजपुरी के फेसबुक पेज से भइल।

वक्ता के रूप में भोजपुरी के समर्थ रचनाकार अजय यादव आ गीतकार, कवि आउर नाटककार आदित्य राजन आपन बात राखल। एह दौरान भिखारी ठाकुर के सामाजिक चेतना, स्त्रियन के पीड़ा, दलित विमर्श के लेके कइल गइल प्रयासन पs चरचा भइल। दुनू वक्ता एह बात पs बल दिहल लो कि भिखारी ठाकुर सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक तक पहुंचवलें।

गोष्ठी के संचालन सुधीर कुमार मिश्र कइलें। एह दौरान गौरव मणि त्रिपाठी, श्वेता आ मिनी मवजूद रहल लो।

 

692640cookie-checkसामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक पs पहुंचवलें भिखारी ठाकुर; जयंती पs भइल विचार गोष्ठी के आयोजन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.