[the_ad_group id="30365"]

सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक पs पहुंचवलें भिखारी ठाकुर; जयंती पs भइल विचार गोष्ठी के आयोजन 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। भोजपुरी के शेक्सपियर आ नट सम्राट भिखारी ठाकुर के जयंती पs भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था यायावरी वाया भोजपुरी के तरफ से सोमार के एगो विचार गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। एकर संजीव प्रसारण यायावरी वाया भोजपुरी के फेसबुक पेज से भइल।

वक्ता के रूप में भोजपुरी के समर्थ रचनाकार अजय यादव आ गीतकार, कवि आउर नाटककार आदित्य राजन आपन बात राखल। एह दौरान भिखारी ठाकुर के सामाजिक चेतना, स्त्रियन के पीड़ा, दलित विमर्श के लेके कइल गइल प्रयासन पs चरचा भइल। दुनू वक्ता एह बात पs बल दिहल लो कि भिखारी ठाकुर सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक तक पहुंचवलें।

गोष्ठी के संचालन सुधीर कुमार मिश्र कइलें। एह दौरान गौरव मणि त्रिपाठी, श्वेता आ मिनी मवजूद रहल लो।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]