[the_ad_group id="30365"]

कलश यात्रा:भागवत कथा के कलश यात्रा के साथे शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाबा गोरखनाथ के पावन स्थल गोरखपुर में परम पूज्य स्वामी श्री प्रज्ञानंद जी महाराज के सानिध्य में शुरुआत काल्ह श्रीमद् भागवत कथा के कलश यात्रा से भइल। गोविन्द पैलेस, खजाँची चौराहा, मेडिकल कॉलेज रोड से भव्य कलश यात्रा निकालल गइल। इs कलश यात्रा गोविन्द पैलेस के मुख्य सड़क से सुरु भइल आ कली मंदीर होत अपने आयोजन स्थल पs पहुंचल। जहाँ कथा पुर्णाहूति आ गीता जयन्ती महोत्सव के शुभारंभ कइले आ पूजा के बाद कलश के स्थापना भइल। इs कार्यक्रम 18 दिसम्बर से 23 दिसम्बर 2023 ले होई।

भगवान श्री कृष्ण योगपीठ समिति गोरखपुर के ओर से आयोजित परम पूज्य स्वामी प्रज्ञानंद जी महाराज के सानिध्य हो रहल श्रीमद् भागवत गीता जयंती महोत्सव खातिर काल्ह विशाल कलश यात्रा में बैंड बाजा, रथ, सैकड़न गो महिला, लड़कियन आ सम्मानित लोग भाग लेले रहले। गोविंद पैलेस, खजंची चौक मेडिकल कॉलेज रोड, गोरखपुर से शुरू होके आसपास के स्थानीयता के भ्रमण करके वापस कथा स्थल, गोविंद पैलेस पs संपन्न भइल।

 

उक्त कार्यक्रम में विशेष रुप से आयोजन समिति के संरक्षक पुष्प दत्त जैन, अध्यक्ष हरि गोविंद, कार्यक्रम प्रभारी डॉक्टर आशीष श्रीवास्तव, संयोजक सुबोध श्रीवास्तव, कोषाध्यक्ष राधेश्याम श्रीवास्तव, राजेश श्रीवास्तव, महेंद्र सिंह, डाक्टर प्रियंका वर्मा, अशोक कुमार सक्सेना, संजय यादव, अभिषेक श्रीवास्तव, ओम प्रकाश यादव, मनोज पांडे, मुन्ना उपाध्याय, चंदू पासवान, महेंद्र पासवान, डी के सिंह आदि एह पावन यात्रा में भाग लिहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]