[the_ad_group id="30365"]

यूपी: अब लखनऊ-मुंबई के बीच सुरू होई वंदे भारत स्लीपर ट्रेन, सर्वे पूरा; जून के अंत तक आ जाई समय सारिणी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lucknow Mumbai Vande Bharat Train: यूपी खास कs के पूर्वी आ मध्य उत्तर प्रदेश के लोगन के मुंबई जाये के सफर आसान होखे वाला बा। रेलवे वर्ष 2025-26 में देसभर में 10 वंदे भारत स्लीपर ट्रेनन के संचालन सुरू करी। पिछलका साल बरेली-मुंबई के बीच वंदे भारत स्लीपर के संचालन के हरियर झंडी मिलला के बाद रूट सर्वे हो चुकल बा। एह ट्रेन के समय सारिणी जारी होखे के इंतजार बा। रेलवे अब लखनऊ-मुंबई के बीच बरेली होत वंदे भारत स्लीपर के संचालन के कवायद में जुट गइल बा। एहु रूट पs सर्वे पूरा कs लिहल गइल बा। दुनो ट्रेनन के समय सारिणी जून के अंत तक जारी होखे के उम्मीद बा।

लखनऊ-मुंबई रूट

लखनऊ, हरदोई, शाहजहांपुर, बरेली जंक्शन, रामपुर, मुरादाबाद, गाजियाबाद, निजामुद्दीन होत मुंबई।

ई बा वजह

लखनऊ-मुंबई के बीच जादे स्टेशन बा आ यात्री जादे मिली लोग। अधिकारियन के कहनाम बा कि उत्तर रेलवे के दिल्ली कोचिंग यार्ड में वंदे भारत स्लीपर के एगो आउर रैक जून के दूसरका सप्ताह तक पहुंच जाई। रेलवे बोर्ड के हरियर झंडी मिलला के बाद ट्रेन के समय सारिणी जारी कs दिहल जाई।

उत्तर रेलवे के अप्रिल में मिल चुकल बा 16 कोच के पहिला रैक

उत्तर रेलवे के अप्रिल में वंदे भारत स्लीपर ट्रेन के पहिला रैक मिल चुकल बा। 16 कोच के एह रैक में एसी 3-टियर, एसी 2-टियर, एसी प्रथम श्रेणी के कोचन में 823 यात्री सफर कs सकी लोग। वंदे भारत स्लीपर के संचालन सुरू होखला के बाद सफर आरामदायक होई आ कन्फर्म टिकट खातिर मारामारियो कम होई। सप्ताह में एक दिन चले वाली लोकमान्य तिलक एक्सप्रेस पs यात्रियन के दबावो कम होई।

रूट के सर्वे हो गइल बा पूरा

बरेली-मुंंबई वंदे भारत स्लीपर के संचालन प्रस्तावित बा। रूट सर्वे कs लिहल गइल बा। रेलवे बोर्ड के स्वीकृति के बाद समय सारिणी जारी कs दिहल जाई। उत्तर रेलवे के वंदे भारत स्लीपर के एक रैक पहिलही मिल चुकल बा। – आदित्य गुप्ता, सीनियर डीसीएम

Read Also: Parliament Monsoon Session: संसद के मानसून सत्र 21 जुलाई से 12 अगस्त तक, केंद्रीय मंत्री रिजिजू देलें जानकारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]