[the_ad_group id="30365"]

कोलंबिया: राष्ट्रपति उम्मीदवार के कपार पs मारल गईल गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलंबिया में राष्ट्रपति पद के संभावित उम्मीदवार मिगुएल उरीबे टर्बे के गोली मार दिहल गइल बा. मिगुएल उरीबे टर्बे जे सीनेटर हउवें आ अगिला साल होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव के संभावित उम्मीदवारो बाड़न आ शनिचर के दिने बोगोटा में चुनावी रैली करत रहले जब उनुका माथा में गोली लाग गइल.केs गंभीर रूप से घाही हो गईले। उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

पीछे से माथा में गोली मारल गईल

डेमोक्रेटिक सेंटर पार्टी एगो बयान जारी कs के एकरा के क्रूर हिंसा बतावत कहलस कि ई एगो अस्वीकार्य काम हs. उनुकर पार्टी के कहनाम बा कि इs हमला फोंटिबोन मुहल्ला के एगो पार्क में भईल रहे, जब हथियारबंद हमलावर उनुका के पीछे से गोली मार देले।

संदिग्ध शूटर के गिरफ्तार

बोगोटा के मेयर कार्लोस गैलन सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs बतवले कि संदिग्ध शूटर के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। स्थानीय अधिकारी अवुरी पुलिस टीम पूरा मामला के जांच में जुटल बिया। हमलावर से पूछताछ कईल जाता।


इहो पढ़ीं; सबेरे-सबेरे:  अगर रउरा के दिन भर भूख ना लागेला तs इs योग नियमित रूप से करीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]