[the_ad_group id="30365"]

भारत के मिलल नया स्पीड स्टार: उमरान के 91% गेंद के रफ्तार 140/kmph पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सनराइजर्स हैदराबाद से खेले वाले 22 साल के उमरान मलिक नया स्पीड-स्टार बनकर उभर बानें। ऊ बुधवार रात गुजरात टाइटंस के ऋद्धिमान साहा के 152.8 की रफ्तार वाली यॉर्कर पर बोल्ड कइले रहने। उमरान गुजरात के पांच विकेट अपने नाम कइलें। एमें से चार के बोल्ड कइलें। एह विकेट खातिर फेंकल गइल सब गेंद के रफ्तार 140+ रहल।
91% गेंद भइल बा 140 किलोमीटर प्रति घण्टा के रफ्तार से पार

उमरान हैदराबाद के ओर से लगातार 8वाँ मैच में सबसे तेज गेंद फेंकले के अवॉर्ड हासिल कइलें। सीजन के 6 सबसे तेज गेंद में से 4 उमरान मलिक के नाम पs बा। उमरान के 91% से ज्यादा गेंद के रफ्तार 140/kmph से अधिक रहल बा।

उमरान से प्रभावित भइले गावस्कर

उमरान मलिक के गेंदबाजी से प्रभावित हो के सुनील गावस्कर ओनके इंग्लैंड के खिलाफ एक टेस्ट अउर सीमित ओवर्स के सीरीज खातिर टीम में शामिल कइले के मांग कइले बानें। गावस्कर के कहनाम बा कि भलही उमरान के प्लेइंग इलेवन में अवसर न मिले। लेकिन रोहित शर्मा अउर विराट कोहली जइसन खिलाड़ियन के संगे ड्रेसिंग रूम शेयर कsके ओके काफी कुछ सीखे के मौका मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]