आज भिड़ान बा पंजाब किंग्स अउर लखनऊ सुपरजाइंट्स के बीचे

कुमार आशू
- Sponsored Ads-

पंजाब किंग्स के अउर लखनऊ सुपरजाइंट्स के टीम आज शाम 7:30 बजे आमने-सामने होई। ई मैच महाराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम, पुणे (MCA) में खेलल जाई। दूनों टीम के पास शानदार खिलाड़ियन के फौज बा। पंजाब बड़ अंतर से मुकाबला गंववले के बाद चेन्नई के खिलाफ मैच जीत के मजबूत वापसी कइले बा। दुसरे ओर लखनऊ सीजन के शुरुआते से बेहतरीन प्रदर्शन करत आ रहल बा

पंजाब को कायम रखे के होई जीत के लय

पंजाब के साथ हर सीजन में एक्के समस्या होला कि उ कुछ बड़ मुकाबला जीत के आसान से मैच गंवा देला अउर आईपीएल से बाहर हो जाले। कप्तान मयंक अग्रवाल के एह परेशानी से निजात पावे के होई। सथही खिलाड़ियन के उनके जिम्मेदारी के एहसास करावे के होई।
भानुका राजपक्षे जइसन हिटर के लगातार परफॉर्म कइल टीम के हित में बा। अगर उनके बीच में ड्रॉप कs देहल जाई, त ऊ बिना दबाव के परफॉर्म नाइ कs सकेने। सथही गेंदबाजन के नियंत्रण के साथ बॉलिंग करे के होई। अर्शदीप सिंह अउर कुलदीप यादव के जोड़ी अगर शुरुआती ओवर्स में विकेट चटकवले में कामयाब हो जाले त पंजाब खातिर मुकाबला आसान हो सकsला। लखनऊ के लग्गे मजबूत बैटिंग लाइन अप है, त अगर पावर प्ले में उनकर बल्लेबाज अधिक रन बटोर लेहनें त त बाद में ओके रोकल बेहद मुश्किल हो।जाई।

- Sponsored Ads-

शानदार लय में दिख रही है लखनऊ

लखनऊ सुपर जायंट्स निरंतर बेहतरीन प्रदर्शन कर रहल बा। टॉप ऑर्डर अउर मिडिल ऑर्डर टीम खातिर अच्छा परफॉर्म कs रहल बा। दुष्मंथा चमीरा अउर आवेश खान जइसन गेंदबाज बल्लेबाजन के खुलके खेले के मौकवे नाइ दे रहल बानें। 145/kmph से बेसी रफ्तार से बॉलिंग कर रहल अबतक चमीरा टीम खातिर उपयोगी साबित भइल बानें। सथही आवेशो तेज यॉर्कर अउर ऑफ स्टंप के बाहर लोअर फुलटॉस पर बल्लेबाजन के चकमा देहले में कामयाब रहल बानें।

- Sponsored Ads-

Share This Article