[the_ad_group id="30365"]

27.50 रुपए किलो में मिली भारत आटा: केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल आज लॉन्च करी, चना दाल 60 रुपिया किलो में बेच रहल बिया सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बढ़त महंगाई से आम जनता के राहत देवे खातिर केंद्र सरकार भारत आटा लेके आइल बिया। केंद्रीय उपभोक्ता मामले, खाद्य आ सार्वजनिक वितरण मंत्री, पीयूष गोयल आज दुपहरिया 2 बजे सब्सिडी वाला ‘भारत आटा’ लॉन्च करिहें। एह आटा के कीमत 27.50 प्रति किलो तय कइल गइल बा।

एकरा के नेशनल एग्रीकल्चरल कोऑपरेटिव मार्केटिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड (NAFED), नेशनल कोऑपरेटिव कंज्यूमर्स फेडरेशन ऑफ इंडिया (NCCF), सफल, मदर डेयरी, आ आउर कोआपरेटिव जइसे सहकारी संस्थानन के माध्यम से उपलब्ध करावल जाई।

गेहूं के लगातार बढ़त कीमत के वजह से लिहल गइल फैसला

बाजार में गैर-ब्रांडेड आटा के खुदरा कीमत 30-40 रुपिया किलो बा तs ब्रांडेड आटा 40-50 रुपिया प्रति किलोग्राम पs बिक रहल बा। गेहूं के लगातार बढ़त कीमत के वजह से त्योहारी सीजन में आटा के कीमत में तेजी के देखत सरकार सस्ता दाम पs आटा बेचे के फैसला कइल गइल बा।

सस्ता में पियाज आ दाल बेच रहल बिया सरकार

प्याज के बढ़ल कीमतन से कंज्यूमर्स के राहत देवे खातिर सरकार ₹25 किलो के रेट से पियाज बेच रहल बिया। नेशनल कोऑपरेटिव कंज्यूमर्स फेडरेशन ऑफ इंडिया माने NCCF आ नेफेड ₹25 किलो के रेट से बफर पियाज पहिलही से बेच रहल बिया।

NCCF 20 राज्यन के 54 शहरन में 457 रिटेल स्टोर्स पs सब्सिडाइज्ड रेट पs पियाज बेच रहल बिया। जबकि नेफेड 21 राज्यन के 55 शहरन में 329 रिटेल स्टोर्स पs डिस्काउंटेड रेट पs पियाज बेच रहल बिया। ओहिजा केंद्रीय भंडार बीतल सुक से दिल्ली-NCR में पियाज के रिटेल सेल अपना आउटलेट्स से सुरू कs देले बा। एकरा अलावे सरकार 60 रुपिया प्रति किलो के भाव पs भारत दाल (चना के दाल) उपलब्ध करा रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]