[the_ad_group id="30365"]

Siwan News: 8 नवंबर से DRCC में रोजगार कैंप के होई आयोजन: G.S.A. पद खातिर 50 लोगन के होई बहाली, 12वीं पास अभ्यर्थी ले सकत बा लो भाग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के जिला निबंधन आ परामर्श केंद्र (DRCC) में आठ नवंबर के रोजगार कैंप के आयोजन कइल जाई। एह कैंप के आयोजन श्रम संसाधन विभाग के तत्वाधान मे आयोजित कइल जाई। आठ नवंबर बुध के दिन के 10 बजे से लेके 4 बजे तक एह कैंप के आयोजन कइल जाये के बा। एमे इक्षुक नवहा आपन जरूरी डॉक्यूमेंट लेके DRCC बुध के पहुंच सकत बा लो।

एह इंटरव्यू के आधार पs जुवक-जुवतियन के जॉब दिहल जाई। श्रम संसाधन विभाग आ जिला नियोजन विभाग के ओर  से आयोजित एह रोजगार कैंप में कुल 100 रिक्त पदन खातिर नियुक्ति कइल जाई। बार्बिक नैशन लिमिटेड कंपनी मे G.S.A. पद खातिर कुल 50 रिक्ति बा।

10 से 4 बजे तक होई आयोजन

अभ्यर्थियन के आयु सीमा 18-28 रखल गइल बा। अभ्यर्थियन के योग्यता इंटेरमेडीएट बा। चुनल गइल अभ्यर्थियन के कंपनी के तरफ से 10500 मासिक वेतन के संगे TA आ DA के सुविधा दी। ओहिजा दूसरका कंपनी लेबर नेट सर्विस इंडिया प्राइवेट लिमिटेड हs। एह कंपनी में आपरेटर के पद खातिर 50 रिक्त पदन के कंपनी भरी।

एकरा खातिर योग्यता 12वीं के संगे ITI बा। सिलेक्ट कइल गइल कैंडीडेट के 14 हजार मासिक वेतन के संगे PF आ ESIC के सुविधा कंपनी के तरफ से दिहल जाई। सीवान जिला नियोजन पदाधिकारी विज्ञप्ति जारी करत बतवलें कि दिन के 10 बजे से लेके सांझ के 4 बजे तक एह कैंप के आयोजन कइल जाई। सब अभ्यर्थी अपना जरूरी कागजात के साथे लेके आवे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]