[the_ad_group id="30365"]

टीवी अभिनेत्री रश्मिरेखा ओझा कइली आत्महत्या, बाप लगवलें प्रेमी पर आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा फिल्म इंडस्ट्री के टीवी अभिनेत्री रश्मिरेखा ओझा के लाश उनुका घर में पंखा से लटकल मिलल बा. 23 साल के इ अभिनेत्री भुवनेश्वर के नयली इलाका में किराया के मकान में रहत रहली। लाश मिलला के बाद पुलिस आपन जांच शुरू क दिहलस अवरू पूछताछ शुरू क देहलस। हालांकि, अभी तक अभिनेत्री के आत्महत्या के पीछे असली कारण के खुलासा नईखे भईल। खबर के मुताबिक रश्मिरेखा ओझा अपना प्रेमी के संगे रहत रहली। इ पूरा घटना 18 जून के बतावल जाता।

बाप प्रेमी पर आरोप लगवलें

अभिनेत्री के बाप कहाँ कहे के बा, 18 जून यानी शनिवार के रश्मी के कई गो फोन कइले। लेकिन उ फोन ना उठवले। कुछ समय बाद उनुकर प्रेमी संतोष परिवार के उनुका मौत के जानकारी देले। जब पूरा परिवार मौका प पहुंचल त पाता चलल कि रश्मी अवुरी संतोष पति-पत्नी के रूप में रहत रहले। एकरा बाद ही परिवार के लोग संतोष के शंका में लेके बेटी के मौत के आरोप लगवले बाड़े।

घर से मिलल सुसाइड नोट

पुलिस के मुताबिक मामला के गंभीरता से जांच चलता। आत्महत्या के कारण अभी तक पता नईखे चलल लेकिन अभिनेत्री के घर में एगो सुसाइड नोट मिलल बा। जवना में रश्मिरेखा ओझा केहु के जिम्मेदार नईखी रखले। फिलहाल ए मामला के प्रेमी से जोड़ के रिश्ता में रहे के जांच कईल जाता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]