[the_ad_group id="30365"]

Hanuman Janmotsav 2022 : PM मोदी कइले भगवान हनुमान के प्रतिमा के अनावरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हनुमान जन्मोत्सव के मौके पs शनिवार के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी (Narendra Modi) गुजरात के मोरबी में शनिवार के वीडियो कान्फ्रेंसिंग के जरिए हनुमान जी के 108 फीट ऊंची प्रतिमा के अनावरण कइले। प्रधानमंत्री कार्यालय के अनुसार हनुमानजी चार धाम परियोजना के तहत देश के चारों दिशा में बनावल जा रहल भगवान हनुमान के प्रतिमा में से ई दूसरे नंबर के बा। मोरबी में बापू केशवानंद जी के आश्रम में ई प्रतिमा स्थापित कइल गइल बा। एह परियोजना के तहत पहिला प्रतिमा साल 2010 में देश के उत्तर दिशा में हिमाचल प्रदेश के शिमला में स्थापित कइल गइल रहल। ऊ देश के दक्षिण में रामेश्वरम में भगवान हनुमान के तिसरका प्रतिमा के काम जारी बा।

प्रधानमंत्री संबोधन के शुरुआत में कहने, ‘आज मोरबी में हनुमान जी के ई भव्य प्रतिमा के लोकार्पण भइल बा। ई देश अउर दुनिया भर के हनुमान भक्त खातिर रामभक्त खातिर बहुत सुखदायी बा, आप सब के बहुत-बहुत बधाई।’ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहने, ‘हनुमान ऊ शक्ति बानें जेके समस्त वनवासी प्रजाति अउर वन बंधुअन के मान अउर सम्मान के अधिकार दियवने।’ प्रधानमंत्री मोदी हनुमान जन्मोत्सव के सब देशवासियन के शुभकामना देहने। प्रधानमंत्री कहने, ‘हनुमान जी अपने भक्ति से, अपने सेवाभाव से, सबके जोड़ेने। हर केहू हनुमान जी से प्रेरणा पावेला। हनुमान ऊ शक्ति अउर सम्बल बाने जे समस्त वनवासी प्रजातियन के अउर वन बंधुअन के मान अउर सम्मान के अधिकार दियवने। एहलिए एक भारत, श्रेष्ठ भारत के हनुमान जी एगो अहम सूत्र बाने।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]