महाराष्ट्र चुनाव: बीड के निर्दलीय उम्मीदवार बालासाहेब शिंदे के मौत, पोलिंग बूथ पs आइल हार्ट अटैक

निर्दलीय उम्मीदवार बालासाहेब शिंदे के मौत (फाइल फोटो)

Share

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव खत्म हो गइल बा। सांझ 6 बजे सब 288 सीटन पs मतदान संपन्न हो गइल। चुनाव के नतीजा 23 नवंबर के घोषित होई। सब सीटन पs शांतिपूर्ण तरीका से मतदान भइल। हालांकि, बीड विधानसभा सीट पs एगो अनहोनी हो गइल।

बीड के निर्दलीय प्रत्याशी बालासाहेब शिंदे के मौत हो गइल बा। बतावल जा रहल बा कि हार्ट अटैक के कारण उनकर जान चल गइल। पुलिस एह ममिला में जादे जानकारी दिहल गइल बा।

वोट डाले के इंतजार करत रहस बालासाहेब शिंदे

पुलिस बतवलस कि बुध के बालासाहेब एगो मतदान केंद्र पs वोट देवे खातिर अपना बारी के इंतजार करत रहस। लाइने में उनका हार्ट अटैक आ गइल। बालासाहेब के अस्पताल ले जाइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

लाइन में आइल हार्ट अटैक

बालासाहेब शिंदे वोट डाले खातिर अपना बारी के इंतजार करत रहस। लाइन में खड़ा रहला के दौरान अचानक चक्कर खाके जमीन पs गिर पड़लें। उनका के बीड के काकू नाना अस्पताल ले जाइल गइल। फेर समर्थक उनका के छत्रपति शंभाजी नगर अस्पताल ले गइल लो। डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। पुलिस बतवलस कि शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा।

का करी चुनाव आयोग?

लोक प्रतिनिधित्व कानून के अनुसार, अगर चुनाव के दौरान कवनो उम्मीदवार के मौत हो जात बा तs धारा 52 के तहत संबंधित सीट पs मतदान स्थगित कइल जा सकत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-