[the_ad_group id="30365"]

पीपीयू (Patliputra University) के 19 कॉलेजन में होई बीकॉम के पढ़ाई, प्रस्ताव के मिलल मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाटलिपुत्र विश्वविद्यालय के 19 कॉलेजन में बीकॉम के पढ़ाई शुरू होई। विश्वविद्यालय के कइयन गो कॉलेज से बीकॉम कोर्स शुरू करे के प्रस्ताव मिलल बा। विश्वविद्यालय के कमेटी 19 गो कॉलेजन के प्रस्ताव के मंजूरी प्रदान कs देले बा। एपर अंतिम मुहर कुलपति के लागे के बा। राजभवन पहिलही बीकॉम कोर्स सेल्फ फाइनेंस शुरू करे के अनुमति प्रदान कs देले बा।

विश्वविद्यालय कमेटी के संयोजक डीन प्रो. एके नाग बानी। एह कमेटी में छव गो सदस्यन लो राखल गइल बा। जेमे तीन गो संकायाध्यक्ष के अलावे अनिल निरीक्षक (विज्ञान) आ मनोज कुमार प्रॉक्टर आमंत्रित सदस्य सहित छव लोग के टीम बा। एही सत्र 2022-25 में नामांकन के प्रक्रिया होई। एमे नामांकन प्रवेश परीक्षा के आधार पs होई। नामांकन में आरक्षण नियमन के पालन कइल जाई। सीटन के भरे ला तीन बेर मेधा सूची जारी कइल जाई।

इंटर में 45 प्रतिशत भा ओ से बेसी अंक प्राप्त करे आला छात्र-छात्रा आवेदन कs सकी लो। कइयन गो अइसन कॉलेजन के प्रस्ताव के मंजूरी प्रदान कइल गइल बा। एमे पहिलही से बीकॉम कोर्स रेगुलर कोर्स के तौर पs चलावल जा रहल बा। बीकॉम के पढ़ाई शुरू होखे से बहुते छात्रन के फायदा होई। खास कs के वर्तमान में बीकॉम कोर्स के मांग जादे बा। एकर फी स्ट्रक्चर रेगुलर कोर्स से बेसी होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]